Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

Bhojpuri: का मनोज तिवारी के चेला खेसारी यूपी चुनाव में अखिलेश के साइकिल पर चलिहन?

अब सवाल ई बा कि आवे वाला विधानसभा चुनाव में केकर डंका बाजि, के बाजी जीती और के हारी...

Advertisement
Instafeed.org

By Bikram Singh | खबरें - 23 June 2021

का यूपी चुनाव खातिर अखाडा तैयार बा अब जब समाजवादी पार्टी के अध्यक्ष अखिलेश यादव भोजपुरी सुपरस्टार खेसारी लाल यादव से भेंट मुलाकात कइले ह एकर कईगो मायना निकालल जाता.. ये मुलाकात के सियासती मंच पर भाजपा के भोजपुरी सुपरस्टार लोग से मुकाबला खातिर सपा के रणनीति मानल जाता. 

भाजपा में मनोज तिवारी के बाद रवि किशन सांसद बाड़े एकरा साथे साथे  सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव के खिलाफ वर्ष 2019 के लोकसभा चुनाव में आजमगढ़ से भाजपा के टिकट पर दिनेश लाल यादव निरहुआ ताल ठोंक चुकल बाड़न. इंट्रेस्टिंग बात इहो बा की  निरहुआ के भाई बिरहा सम्राट के नाम से मशहूर विजय लाल यादव भी सपा में बाड़न.

चुनाव से पहिले सपा  सांस्कृतिक प्रकोष्ठ के भी  गठन क ले ले बिया . ये  प्रकोष्ठ में जिला दर जिला  गीत संगीत में रुचि रखे वाला  लोग के जोड़ल जा रहल बा . सप्ताह भर पहिले  गोरखपुर के  भोजपुरी फिल्म अभिनेत्री काजल निषाद के अखिलेश यादव से मुलाकात भइल रहे . चर्चा इहो बा की काजल जल्दिए  सपा के सदस्यता लिहन.

अब सवाल ई बा कि आवे वाला विधानसभा चुनाव में केकर डंका बाजि, के बाजी जीती और के हारी... अब लड़ाई का निरहुआ बनाम खेसारी होई? जबकि ई सभे जानता कि निरहुआ अउर खेसारी जिगरी दोस्त ह लोग, एकरा साथे-साथे खेसारी आपन बड़ भाई आ गारजियन मनोज तिवारी के माने लन. त का इहो सकेला आवे वाला दिन में मनोज तिवारी खेसारी यादव के मना लेस आ खेसारी अखिलेश यादव के आवे वाला चुनाव में साथ छोड़ देस.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.