Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

शिल्पा शेट्टी मनली आपन 'गलती', पोस्ट शेयर करके कहली दिल के बात

शिल्पा शेट्टी गुरुवार के शेयर कईल गईल एगो सीक्रेट सोशल मीडिया नोट में आपन 'गलती स्वीकार कईले बाड़ी.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Entertainment - 27 August 2021

मुंबईः बॉलीवुड एक्ट्रेस शिल्पा शेट्टी (Shilpa Shetty) के पति राज कुंद्रा (Raj Kundra) पोर्नोग्राफी मामला में 1 महीना से ज्यादा समय से जेल में बाड़न. उनकरा के 19 जुलाई के मुंबई क्राइम ब्रांच पोर्नोग्राफी मामला में गिरफ्तार (Raj Kundra Arrest) कईले रहे. ये मामला के बाद शिल्पा शेट्टी ना सिर्फ अपना काम बल्की सोशल मीडिया अउर फैंस से भी दूरी बना लेले रहली. लेकिन, हाल ही में एक्ट्रेस अपना शो ‘सुपर डांसर 4 (Super Dancer 4)’ पर भी वापसी कईली अउर अब ऊ सोशल मीडिया के जरिए फैंस लोग के साथे जुड़े के कोशिश भी कर रहल बाड़ी. शिल्पा शेट्टी सोशल मीडिया पर एगो पोस्ट शेयर कईले बाड़ी,जौन चर्चा में बा.

शिल्पा शेट्टी गुरुवार के शेयर कईल गईल एगो सीक्रेट सोशल मीडिया नोट में आपन 'गलती स्वीकार कईले बाड़ी. शिल्पा पति राज कुंद्रा के लेके चल रहल विवाद के बीच एगो किताब के कुछ लाइन्स के जरिए फैंस से बात करे के कोशिश कईले बाड़ी. एक्ट्रेस किताब के जौन पन्ना शेयर कईले बाड़ी, ओमे लिखल बा- ‘गलतियां उस बकाया का हिस्सा हैं, जिसे हम उम्र भर चुकाते रहते हैं.’


Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.