Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

Spider Man No Way Home Trailer Out : एक्शन से भरपूर बा स्पाइडर-मैन के दमदार ट्रेलर, मुश्किल वक्त में मंगलस दुश्मन से मदद

स्पाइडर-मैन सीरीज के फैंस खातिर ई फिल्म बहुत खास होखे वाला बा, काहे की ये बार फिल्म में तगड़ा एक्शन होखे वाला बा.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Entertainment - 26 August 2021

हॉलीवुड की मशहूर फिल्म स्पाइडर-मैन: नो वे होम (Spider-Man: No Way Home) का दमदार ट्रेलर अकुछ देर पहिले यूट्यूब पर रिलीज हो चुकल बा. रऊवा के बता दीं, कुछ दिन पहिले ही एकर ट्रेलर सोशल मीडिया पर लीक हो गईल रहे लेकिन अब ये फिल्म के मेकर्स एकरा के अधिकारिक तौर पर यूट्यूब पर रिलीज कईले बा लोग. जहां ये बार ई फिल्म अऊर भी ज्यादा दमदार होखे वाली बिया, जहां हमनी के फिल्म के अंदर स्पाइडर मैन के अलावा डॉक्टर स्ट्रेंज (Doctor Strange) भी नजर आवे वाला बा. फिल्म के पिछला कुछ कड़ी में दिखावल गईल रहे कि स्पाइडर मैन लगातार मुश्किल में फंसत जा रहल बा, जहां ओकर करीब के सारा लोग ओकर दुश्मन में बदलत जा रहल बाड़े. ये ट्रेलर में भी हमनी के उहें नजर आ रहल बा.


ये ट्रेलर के देखके ई बात पूरा तरह से साफ हो गईल बा कि ये फिल्म के कहानी भी उहें से शुरू होला जहां स्पाइडर-मैन: फार फ्रॉम होम (Spider-Man: Far From Home) खत्म भईल रहे. ये कहानी में भी ओहि  तरह के रोमांच देखे के मिले वाला बा काहे की अब पिटर पार्कर के पूरा दुनिया पहचान चुकल बिया, जहां सगरी लोग जानत बा कि पिटर के वजह से उनकर जिंदगी में दिक्कतें बढ़ गईल बा. ट्रेलर में हमनी के देखे के मिलत बा कि पिटर अपना दुश्मन डॉक्टर स्ट्रेंज के मदद से दुनिया के ई बात भुलवावे के चाहत बा कि उहे पिटर पार्कर ह. लेकिन जब ई काम हो रहल होला ओहि समय एगो धमाका होला अऊर फिल्म में ट्विस्ट उहें से आवेला. स्पाइडर-मैन सीरीज के फैंस खातिर ई फिल्म बहुत खास होखे वाला बा, काहे की ये बार फिल्म में तगड़ा एक्शन होखे वाला बा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.