Story Content
Afghanistan Update News: अफगानिस्तान के राजधानी में काल रविवार के आतंकी संगठन तालिबान के कब्जा होखला के बीच काबुल एयरपोर्ट में फायरिंग तब भईल, जब कईगो देश के राजनयिक लोग के उहां से निकालल जात रहे. हालांकि अभिन तुरंत केहू के मारे जाए के खबर सामने नईखे आईल. उहें, काबुल स्थित अमेरिकी दूतावास अऊर प्रेशिडेंशियल पैलेस के पास दूगो ब्लास्ट भईल बा. उहें, न्यूयॉर्क संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद (यूएनएससी) एस्टोनिया अऊर नॉर्वे के अनुरोध पर अफगानिस्तान के स्थिति पर आज सोमवार के आपात बैठक करी
अफगानिस्तान के राजधानी में भय अऊर डर के माहौल बा, काबुल एयरपोर्ट पर देशछोड़ के जाए खातिर लोग के भारी भीड़ जमा बा. अफगानिस्तान के राष्ट्रपति के देश छोडला के बाद राजधानी में भय अऊर डर के माहौल बनल बा. कईगो वीडियो सामने आईल बा, जेमे सैकड़ों लोग काबुल एयरपोर्ट पहुंचत दिख रहल बाड़े ताकि तालिबान शासन के भय से देश छोड़कर जा सके लोग. काबुल एयरपोर्ट के मेन रोड निराश अऊर हताश लोग से भरल बा अऊर उहां से बचके जाए के कोशिश में बा. हजार से ज्यादा अमेरिका के सैनिक उहां सुरक्षा कर रहल बाड़े ताकि ओकर लोग के निकाल कर ले जाईल जा सके.




Comments
Add a Comment:
No comments available.