Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

Bank Holidays: ये सप्ताह 4 दिन बंद रही बैंक, फटाफट निपटा लीं काम, इहां देखीं छुट्टी के पूरा लिस्ट

हालांकि ई छुट्टी हर राज्य के बैंक खातिर नईखे.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 24 August 2021

नई दिल्ली: आवे वाला दिन में अगर रऊवा बैंक संबंधित कौनो जरूरी काम (Bank related work) बा त ओकरा के रऊवा फटाफट निपटा लीं. वरना रऊवा लंबा इंतजार करे के पड़ सकता. अईसन ए खातिर काहे कि ये हफ्ता 4 दिन लगातार बैंक बंद (Bank Band) रही. बता दीं कि भारतीय रिजर्व बैंक (RBI) अगस्त 2021 के महीना खातिर बैंक छुट्टियन के एगो सूची (Bank Holidays in august) जारी कईले बा. ये महीना में कुल 15गो  छुट्टी रहे. हालांकि, जईसे-जईसे कैलेंडर माह आगे बढ़ल , छुट्टी आईल अऊर चल गईंल. अब ये माह में सिर्फ चार गो  छुट्टी बच गईल बा. ये माह के अंतिम हफ्ता 28 अगस्त से 31 अगस्त तक बैंक बंद रही. हालांकि, ये दौरान ऑनलाइन बैंकिंग सर्विसेज (Online Banking Service) अऊर एटीएम सर्विसेज (ATM Service) चालू रही.

बता दीं कि RBI अलग-अलग राज्य में उहां के स्थानीय त्योहार के वजह से अलग-अलग जोन खातिर बैंक के छुट्टी के लिस्ट (Bank holiday list) जारी करेला. RBI ये हफ्ता बैंक में 4 दिन के छुट्टी निर्धारित कईले बा. हालांकि ई छुट्टी हर राज्य के बैंक खातिर नईखे.

इहां देखीं कौना शहर में बंद रही बैंक (Bank band List)

1.) 28 अगस्त 2021 – चौथा शनिवार

2.) 29 अगस्त 2021 – रविवार

3.) 30 अगस्त 2021 – जन्माष्टमी / कृष्णा जयंती (अहमदाबाद, चंडीगढ़, चेन्नई, देहरादून, जयपुर, जम्मू, कानपुर, लखनऊ, पटना, रायपुर, रांची, शिलांग, शिमला, श्रीनगर अऊर  गंगटोक)

4.) 31 अगस्त 2021 – श्री कृष्ण  जन्माष्टमी (हैदराबाद)


Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.