Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

मोदी कैबिनेट के विस्तार से पहिले , 8 राज्य के राज्यपाल बदल दिहल गइले

केंद्रीय मंत्री थावरचंद गहलोत के कर्नाटक के राज्यपाल बनावल गइल बा

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 06 July 2021

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के कैबिनेट के विस्तार के संभावना के बीच आज कई राज्य के राज्यपाल के बदल देहल गइल बा. राष्ट्रपति भवन के ओर से जारी कइल गइल आदेश के मुताबिक आठ राज्य के राज्यपाल के बदल देहल गइल बा. जेमे केंद्रीय मंत्री थावरचंद गहलोत के कर्नाटक के राज्यपाल बनावल गइल बा, हरिबाबू कम्भामपति के मिजोरम के राज्यपाल बनावल गइल बा, मंगूभाई छगनभाई पटेल के मध्यप्रदेश के राज्यपाल बनावल गइल बा त उहे राजेंद्र विश्वनाथ अर्लेकर के हिमाचल प्रदेश के राज्यपाल नियुक्त कइल गइल बा


ऊहे, मिजोरम के राज्यपाल पीएम श्रीधरन पिल्लई के गोवा के राज्यपाल बनावल गइल बा, हरियाणा के राज्यपाल सत्यदेव नारायण आर्या के त्रिपुरा के राज्यपालबनावल गइल बा, त्रिपुरा के राज्यपाल रमेश बैस के झारखंड के राज्यपाल नियुक्त कइल गइल बा त ऊहे हिमाचल प्रदेश के राज्यपाल बंडारू दत्तात्रेय के हरियाणा के राज्यपाल नियुक्त कइल गइल बा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.