Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

आकाशीय बिजली बरपइलस कहर, तीनगो बच्चा समेत पांच लोग के मौत

किसान खेती बारी के काम के चलते खुला मैदान में रहेलन जेकरा कारण हादसा अधिक हो रहल बा.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 19 July 2021

बड़ खबर बिहार के रोहतास जिला से बा जहां शिवसागर के अलग-अलग गांव में वज्रपात (Lightning) से पांच लोग के मौत हो गइल बा. मौत के ई आंकड़ा पिछला 24 घंटा के बा. जेम से तीन लोग के मौत रविवार के हो गइल रहे. वज्रपात के शिकार होखे से मृतक में एगो महिला भी शामिल बिया. शिवसागर के सिंघमपूरा में जहां 55 वर्षीय सुरेश सिंह के ठनका गिरला से मौत हो गइल. उहें आलमपुर गांव में 14 वर्ष के बिट्टू कुमार जब मवेशी चरावे गइल रहुवन,ओही दौरान वज्रपात से झुलस के मर गउवन. वज्रपात के तीसरका घटना भी शिवसागर के ही सिकंदरपुर गांव में भउवे, जहां 18 साल के संगीता कुमारी के मौत धान के रोपनी के दौरान बज्रपात से मौत हो गउवे, उहें ये वज्रपात में तीनगो अन्य महिला भी बुरी तरह झुलस गइल बाड़ी सन. जेमे एगो के स्थिति चिंताजनक बतावल जा रहल बा.

तीनों घायल लोग के इलाज सासाराम के सदर अस्पताल स्थित ट्रामा सेंटर में चल रहल बा. 44 साल के लालपरी देवी तथा पिंकी कुमारी के स्थिति ठीक बा  जबकि नगलातो देवी की स्थिति चिंताजनक बतावल जा रहल बा. सब मृतक के जिला प्रशासन के ओर से मुआवजा के प्रक्रिया चल रहल बा. बता दीं कि शनिवार के भी वज्रपात से शिवसागर थाना क्षेत्र में ही 2गो  बच्चा के मौत हो गइल रहे तथा दूगो अन्य लोग घायल हो गइल रहे. पिछला 24 घंटा में शिवसागर में अब तक 5 लोग के मौत हो चुकल बा  जबकि आधा दर्जन लोग घायल हो चुकल बा. मृतक में ज्यादातर बच्चा लो बा. चुकी ये समय इलाका में धान के रोपनी के समय चलता. अइसन में किसान खेती बारी के काम के चलते खुला मैदान में रहेलन जेकरा कारण हादसा अधिक हो रहल बा.


Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.