Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

लालू यादव के करीबी जगदानंद सिंह के RJD प्रदेश अध्‍यक्ष पद से इस्‍तीफा, पार्टी कइलस इनकार

डैमेज कंट्रोल (Damage Control) के कवायद शुरू हो गइल बा. आज दुपहर के बाद से ई खबर फइलल ह की जगदानंद सिंह आरजेडी के प्रदेश अध्‍यक्ष पद से इस्तीफा दे देले बाड़े

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 09 July 2021

बिहार के सियासत से जुड़ल आज के सबसे बड़ खबर बा. दुपहर बाद राष्‍ट्रीय जनता दल (RJD) के प्रदेश अध्‍यक्ष जगदानंद सिंह (Jagdanand Singh) के अपना पद से इस्तीफा देवे वाला खबर से हड़कम्‍प मच गइल बा. बतावल जाता कि लालू प्रसाद यादव (Lalu Prasd Yadav) ये इस्तीफा के मंजूर नइखन कइले अउर उनकरा से पद पर बनल रहे के आग्रह कइले बाड़े. येही बीच आरजेडी नेता जगदानंद सिंह इस्‍तीफा से संबंधित कौनो बयान देवे से इनकार क देले बाड़े. कहल जा रहल बा कि जगदानंद सिंह के नाराजगी लालू के बड़ बेटा तेज प्रताप यादव (Tej Pratap Yadav) के लेके बा. येहि बीच इहो  बतावल  जा रहल बा कि डैमेज कंट्रोल (Damage Control) के  कवायद शुरू हो गइल बा. आज दुपहर के बाद से ई खबर फइलल ह की जगदानंद सिंह आरजेडी के प्रदेश अध्‍यक्ष पद से इस्तीफा दे देले बाड़े.  एकर कारण स्वास्थ्य संबंधी परेशानी बतावल जाता. बतावल जाता  कि जगदानंद सिंह आरजेडी के 25वें स्‍थापना दिवस समारोह के दौरान लालू प्रसाद यादव के बड़ बेटा तेज प्रताप यादव द्वारा मंच से उनकर नाम लेत कइल गइल शिकायती लहजा में बात से नाराज बाड़े. जब तेज प्रताप के कहला पर जगदानंद सिं‍ह के छोड़ के सभ नेता लोग हाथ उठउवे त तेज प्रताप कहले रहुवन कि 'चाचा नाराज बानी.' केहू के नाम लेहले बिना तेज प्रताप मंच से इहो कहले रहुवन कि वे पार्टी में भौंकने वालों की परवाह नहीं करते हैं. कहा जा रहा है कि जगदानंद सिंह उस दिन के घटनाक्रम से बेहद असहज हैं. इसे उनके इस्‍तीफे से जोड़कर देखा जा रहा है.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.