Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

शर्लिन चोपड़ा के राज कुंद्रा पर बड़ आरोप, करे वाला रहे अईसन काम, टॉयलेट में घुसके बचवले रहनी इज्जत

पोर्न वीडियो केस में राज कुंद्रा के 28 जुलाई के जमानत ना मिल पाईल.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 29 July 2021

शिल्पा शेट्टी के पति अऊर बिजनेसमैन राज कुंद्रा के केस में अब शर्लिन चोपड़ा सनसनीखेज खुलासा कईले बाड़ी. खबर बा कि शर्लिन के आरोप बा कि राज इनकरा पर सेक्शुअल असॉल्ट कईले रहलन अऊर ऊ कौनौ तरह से  बच गईल रहली. शर्लिन अप्रैल 2021 में राज कुंद्रा के खिलाफ FIR भी दर्ज करवा चुकल बाड़ी. एगो वीडियो में ऊ ई भी बतवले रहली कि मार्च में क्राइम ब्रांच के बयान देवे सबसे पहिले ऊ ही गईल रहली.


पोर्न वीडियो केस में राज कुंद्रा के  28 जुलाई के जमानत ना मिल पाईल. ऊ 14 दिन के न्यायिक हिरासत में बाड़न. ये बीच शर्लिन चोपड़ा के सनसनीखेज बयान सामने आ रहल बा. शर्लिन पोर्नोग्राफी केस में मुंबई क्राइम ब्रांच के प्रॉपर्टी सेल के पास गईल रहली अऊर बयान दर्ज करववले रहली. अप्रैल में ऊ राज कुंद्रा पर सेक्शुअल असॉल्ट के आरोप लगवला के साथ  एफआईआर भी दर्ज करववले रहली. शर्लिन अपना शिकायत में खुलासा कईले रहली कि 2019 में राज कुंद्रा उनकर बिजनस मैनेजर के एगो प्रपोजल डिसकस करे खातिर बुलवले रहलन.  शर्लिन के दावा बा, 27 मार्च 2019 के बिजनस मीटिंग के बाद राज बिना बतवले उनकरा घरे आ गईले.  ऐसे पहिले मेसेज में दूनू जानी के जबरदस्त बहस भईल रहे. शर्लिन आरोप लगवली कि उनकरा मना कईला के बाद भी राज उनकरा के  किस करे लगले. शर्लिन कहली कि ऊ शादीशुदा आदमी के साथ इन्वॉल्व ना होखे के चाहत रहली ना ही बिजनेस के प्लैजर के साथे मिक्स करे के चाहत रहली.  ये पर राज उनकरा से कहले की शिल्पा शेट्टी के साथ उनकर रिश्ता कॉम्प्लिकेटेड बा अऊर घर पर ऊ ज्यादातर स्ट्रेस में रहे लें. शर्लिन बतवली कि ऊ राज कुंद्रा के ई सब कईला पर मना कईली काहे की ऊ डर गईल रहली. कुछ देर बाद ऊ उनकरा के धक्का देवे में कामयाब रहली अऊर वॉशरूम में भाग गईली. शर्लिन चोपड़ा एगो वीडियो के जरिये भी बोल चुकल बाड़ी कि ऊ क्राइम ब्रांच के सबसे पहिले आपन बयान दे चुकल बाड़ी. जेकरा कुछ जाने के बा, ऊ क्राइम ब्रांच से संपर्क कर सकता.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.