Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

Bhojpuriya News : तेज प्रताप यादव के पीएम मोदी पर हमला, बोलले- 'उनकर हर वादा झूठ के चाशनी में लिपटल बा, जे खाई...'

आरजेडी नेता तेज प्रताप यादव पीएम मोदी पर निशाना साधत ट्वीट कईले बाड़े.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Lifestyle - 16 August 2021

पटना: आरजेडी सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के बड़ बेटा तेज प्रताप यादव (Tej Pratap Yadav) एघरी आपन बयानबाजी के लेके खासा चर्चा में बाड़न. कुछ दिन पहिले आरजेडी के प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह के हिटलर कहले रहले अऊर एकरा बाद से पार्टी में बवाल मचल बा . एही बीच ऊ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी (PM Narendra Modi) द्वारा 75वां स्वतंत्रता दिवस (75th Independence Day) पर लाल किला के प्राचीर से राष्ट्र के संबोधित करत कईल गईल घोषणा पर तंज कसले बाड़े. ऊ साफ-साफ लिखले बाड़े की पीएम के हर वादा झूठ के चाशनी में लिपटल  बा.


आरजेडी नेता तेज प्रताप यादव पीएम मोदी पर निशाना साधत ट्वीट कईले बाड़े. ऊ वीडियो ट्वीट करत लिखले बाड़े की , ‘माफ करीं, लेकिन एगो बात त बा प्रधान जी के हर वायदा जुमला अऊर हर क्लेम झूठ के चाशनी में लिपटल होला, जे खाला सच जान जाल, बाकी के मिठाई नजर आवेला

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.