COVID-19: देश में फेर डरावे लागल कोरोना, 11 हफ्ता में गिरावट के बाद अब फिर बढ़ल नया केस

ये समय देश में तीनगो राज्‍य से बड़ संख्‍या में मामला सामने आ रहल बा.

  • 881
  • 0

नई दिल्‍ली: देश में कोरोना वायरस संक्रमण (Coronavirus) के मामला एक बार फिर बढ़त दिखाई दे रहल बा. हफ्ता दर हफ्ता के बात करीं त दूसरका लहर (Corona Second Wave) से लेके अभिन तक 11 हफ्ता में पहिलका बार कोरोना (Corona Case) के नया मामला में बढ़ोतरी देखे के मिल रहल बा. ई भविष्‍य में देश में कोरोना महामारी (Covid 19) के फेर बढे के संकेत हो सकता. ये समय देश में तीनगो राज्‍य से बड़ संख्‍या में मामला सामने आ रहल बा. ई राज्‍य बा केरल, कर्नाटक अऊर तमिलनाडु.


भारत में 26 जुलाई से 1 अगस्‍त के हफ्ता में 2.86 लाख कोरोना के नया केस दर्ज कईल गईल रहे. ई एकरा पिछला हफ्ता से 7.5 फीसदी अधिक बा. वो हफ्ता ई  आंकड़ा 2.66 लाख रहे. दूसरका लहर के दौरान 3 से 9 मई के हफ्ता के बाद देश में पहिला बार साप्‍ताहिक रूप से कोरोना केस बढ़ल बा. कोरोना केस घटला के सिलसिला पिछला हफ्ता तक जारी रहे. ईहां तक कि ई कमी 1.4 फीसदी तक आ गईल रहे.

RELATED ARTICLE

LEAVE A REPLY

POST COMMENT