Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

आज से शुरू हो रहल बा संसद के मॉनसून सत्र के आखिरी हफ्ता, ई बा केंद्र अऊर विपक्ष की पूरी प्लानिंग

उहें, मोदी सरकार आखिरी सप्ताह में अहम बिल पास करवावे के कोशिश करी.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Lifestyle - 09 August 2021

सोमवार से संसद के मॉनसून सत्र के चउथा अऊर आखिरी हफ्ता के शुरुआत हो रहल बा.  ऐसे पहिले लोकसभा अउर राज्यसभा में विपक्षी दल के नेता लोग आपन भावी रणनीति के लेके बईठक करी. ई बईठक सुबह दस बजे राज्यसभा में नेता विपक्ष के चैंबर में होई.

19 जुलाई के शुरू भईल मॉनसून सत्र हंगामा के चलते शुरू से ही बाधित रहल बा.  कथित पेगासस जासूसी मुद्दा अऊर विवादित कृषि कानून पर चर्चा के मांग के  लेके सरकार तथा विपक्ष में गतिरोध बनल बा.  बुधवार के राज्यसभा के कार्यवाही में बाधा डालला के लेके छह तृणमूल सांसद लोग के सस्पेंड कर दिहल गईल रहे.

उहें, मोदी सरकार आखिरी सप्ताह में अहम बिल पास करवावे के कोशिश करी. ये सब में  सबसे ऊपर ओबीसी आरक्षण से जुड़ल संविधान संशोधन विधेयक बा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.