Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

जायडस कैडिला के 3गो डोज वाला कोरोना वैक्सीन के केंद्र सरकार दे देले बिया मंजूरी

जेनेरिक दवा कंपनी कैडिला हेल्थकेयर लिमिटेड ZyCoV-D के इमरजेंसी यूज के अनुमति खातिर बीतल 1 जुलाई के आवेदन कईले रहे.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Lifestyle - 21 August 2021

नई दिल्ली: कोरोना महामारी (Covid-19 Pandemic) के खिलाफ देश में चल रहल वैक्सीनेशन में अब एगो अऊरी वैक्सीन जुड़ गईल बा. फार्मा कंपनी जायडस कैडिला (Zydus Cadila) के 3गो डोज वाला कोरोना वैक्सीन के केंद्र सरकार मंजूरी दे देले बिया.  ये वैक्सीन के नाम ZyCov-D बा. ड्रग कंट्रोलर जनरल ऑफ इंडिया के  एक्सपर्ट कमेटी शुक्रवार के ये  वैक्सीन के इमरजेंसी यूज के मंजूरी दे देले बिया. कमेटी फार्मा कंपनी से ये वैक्सीन के 2गो डोज के प्रभाव के अतिरिक्त डेटा भी मंगले बिया.

जेनेरिक दवा कंपनी कैडिला हेल्थकेयर लिमिटेड  ZyCoV-D के इमरजेंसी यूज के अनुमति खातिर बीतल 1 जुलाई के आवेदन कईले रहे. ई आवेदन 28 हजार वॉलंटियर्स पर कईल गईल आखिरी स्टेज के ट्रायल के आधार पर कईल गईल रहे. वैक्सीन के एफिकेसी रेट 66.6 प्रतिशत सामने आईल रहे. ई भी कहल गईल बा कि ये वैक्सीन के 12 से 18 आयु वर्ग खातिर भी पूरा तरह सुरक्षित बा. हालांकि अभिन तक एकर ट्रायल डेटा के पीयर रिव्यू नईखे कईल गईल.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.