Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

खुशखबरी: 5 रुपया तक सस्ता हो सकता Petrol, कच्चा तेल के कीमत में आईल भारी गिरावट

हालांकि, पिछला दू सप्ताह से तेल के दाम में बढ़ोतरी नईखे भईल.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Business - 03 August 2021

नई दिल्ली: चीन में कमजोर आर्थिक वृद्धि, कोरोना वायरस के बढ़त मामला अऊर ओपेक+ के उत्पादन में वृद्धि के चिंता के कारण कच्चा तेल (Crude oil ) के कीमत में गिरावट आईल बा. एकरअसर भारत में पेट्रोल-डीजल के कीमत में देखल जा सकता. अब मानल  जा रहल बा कि आवे वाला दिन में पेट्रोल के दाम 5 रुपया तक सस्ता हो सकता. मार्केट के जानकार लोग के मानल जा त कच्चा तेल में गिरावट के सीधा फायदा भारत के भी मिल सकता. बता दीं  कि ये समय देशभर के कईगो शहर में पेट्रोल 100 के पार बिक रहल बा. हालांकि, पिछला दू सप्ताह से तेल के दाम में बढ़ोतरी नईखे भईल.

MCX पर अगस्त खातिर कच्चा तेल के डिलीवरी 73 रुपया आ 1.32 प्रतिशत गिरके  5,444 रुपया प्रति बैरल पर 6,313 लॉट के कारोबार कर रहल बा. सितंबर डिलीवरी 307 लॉट के कारोबार के साथ 69 रुपया आ 1.26 प्रतिशत के गिरावट के साथ 5,415 रुपया प्रति बैरल पर आ गईल बा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.