Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

देशभर में ऑक्सीजन के सप्लाई अउर उपलब्धता पर पीएम मोदी के अगुवाई में हाईलेवल मीटिंग जारी बा

ये बइठक में स्वास्थ्य मंत्री मनसुख मंडाविया भी मौजूद बाड़े. गौरतलब बा कि कोविड के दुसरका लहर के दौरान ऑक्सीजन के भारी किल्लत हो गइल रहल.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Business - 09 July 2021

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी (Narendra Modi) देशभर में ऑक्सीजन (Oxygen In India) के आपूर्ति अउर उपलब्धता खातिर शुक्रवार के एगो बइठक कर रहल बाड़न. ये उच्च स्तरीय बइठक के अध्यक्षता पीएम ही करिहन. ई बइठक 11.30 बजे से शुरू भइल ह. ये बइठक में स्वास्थ्य मंत्री मनसुख मंडाविया भी मौजूद बाड़े. गौरतलब बा कि कोविड के दुसरका लहर के दौरान ऑक्सीजन के भारी किल्लत हो गइल रहल.  कोविड-19 के दुसरका लहर के दौरान ये साल अप्रैल-मई के महीने में ऑक्सीजन के मांग में अचानक तेजी आ गइल रहे. एकरा मद्देनजर देश के कईगो राज्य में जीवन रक्षक ऑक्सीजन के कमी के मामला भी सामने आइल रहे. एकरा बाद से सरकार के ओर से ऑक्सीजन के उत्पादन बढ़ावे अउर ओकर निर्बाध आपूर्ति सुनिश्चित करे के लगातार प्रयास कइल जा रहल बा.


संक्रमण के तीसरका लहर आवे के आशंका के ध्यान में रख के प्रधानमंत्री लगातार बइठक पर बइठक कर रहल बाड़न अउर भविष्य में ऑक्सीजन के कौनो कमी ना होखे एकरा खातिर कदम भी उठा रहल बाड़न. रउवा के बता दी कि महामारी क तीसरका लहर के चुनौती से निपटे खातिर गुरुवार के केंद्रीय मंत्रिमंडल  23 हजार करोड़ रुपये से अधिक के पैकेज के मंजूरी दिहले बा. भारत सरकार सप्लाई अउर उपलब्धता में तेजी लियावे के प्रयास कइले बा. फिलहाल देश के कईगो जिला में ऑक्सजीन के प्लान्ट्स लगावल जा रहल बा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.