Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

डीजल और पेट्रोल के दाम बढला से व्यवसाय प्रभावित हो गइल बा, जानी कारोबारी जगत के एपर प्रतिक्रियाएं

छोटे अउर बड़ व्यवसायी के आपन कारोबार चलावे में बड़ी परेशानी हो रहल बा.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Business - 01 July 2021

हजारीबाग,कुंदा : डीजल, पेट्रोल के दाम में वृद्धि होखला से लोग परेशान बा. व्यापार पर एकर बहुत बुरा असर पड़ रहल बा. छोटे अउर बड़ व्यवसायी के आपन कारोबार चलावे में बड़ी परेशानी हो रहल बा. एही बात पर प्रखंड के व्यवसायी लोग आपन प्रतिक्रिया देले बा. सामाजिक कार्यकर्ता अउर व्यवसायी मनोज कुमार यादव कहले बाड़े कि पेट्रोल के दाम बढ़ला से बाइक में पेट्रोल नहीं डलवा पा रहें हैं.

घर पर बाइक खड़ा क के  छोड़ देले बानी. कुंदा चौक स्थित वर्मा टेलीकॉम सह सीएससी के संचालक विशाल वर्मा कहले ह कि डीजल के दाम में वृद्धि भइला से फोटो कॉपी करे के लागत बढ़ गइल बा. जेनरेटर के खर्च भी बढ़ गइल बा. लॉकडाउन के कारण आम आदमी के आय अइसे ही कम हो गइल बा.

प्रति पेज फोटोकॉपी के रेट यदि बढ़ा देम जा त ग्राहक लोग के परेशानी होइ. मालती इंडेन ग्रामीण वितरक गैस एजेंसी के संचालक मनोज साहू बतवले ह कि  पेट्रोल, डीजल के साथ-साथ घरेलू गैस के  दाम भी बढ़ गइल बा. अइसे में कुछ लोग गैस रिफिल करावल बंद क देले बा. एकरा अलावा अन्य सामान के दाम भी दिन-प्रतिदिन बढ़ते बा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.