Story Content
नई दिल्ली: Gold-Silver Price Updates : बहुमूल्य धातु सोना के दाम में लगातार गिरावट के रुख बनल बा. ग्लोबल बाजार से भी सोना के ओतना सपोर्ट नइखे मिल पावत. उहें, अंतिम कारोबारी सत्र में गोल्ड फ्यूचर भी गिरल बा. पिछलका कारोबारी सत्र में सोना के दिल्ली के सर्राफा बाजार में 169 रुपया के गिरावट दर्ज भइल रहे, जेकरा बाद बाजार में एकर कीमत 46,796 रुपया प्रति 10 ग्राम पर आ गइल बा. उहें, चांदी के कीमत में भी 300 रुपया प्रति किलोग्राम टूटल बा अउर धातु 67,611 रुपया प्रति किलोग्राम प आ गइल बा.




Comments
Add a Comment:
No comments available.