Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

Pawan Singh के भोजपुरी गाना 'हमार जान हउ हो' पर एक्ट्रेस निशा दुबे के दिखल बोल्ड लुक, Video भईल वायरल

हाल ही में भोजपुरी क्वीन निशा दुबे (Nisha Dubey) भी अइसन कइले बाड़ी.ई इंस्टाग्राम पर एगो बवाल वीडियो पोस्ट कइले बाड़ी जेमे ई पवन सिंह के भोजपुरी गाना पर परफॉर्म करत दिख रहल बाड़ी.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Entertainment - 01 July 2021

भोजपुरी सिनेमा (Bhojpuri Cinema) के सुपरस्टार पवन सिंह (Pawan Singh) के दिवाना  केवल आम लोग ही ना, बल्कि  फेमस सेलेब्स भी बा लो. जे इनका  गाना  पर अक्सर परफॉर्म करत दिख जाला लो. कई सेलेब्स अपना सोशल मीडिया पर पवन सिंह के गाना (Pawan Singh Songs) पर डांस करके वीडियो भी शेयर करे ला लो. हाल ही में भोजपुरी क्वीन निशा दुबे (Nisha Dubey) भी अइसन कइले बाड़ी.ई इंस्टाग्राम पर एगो बवाल वीडियो पोस्ट कइले बाड़ी जेमे ई पवन सिंह के भोजपुरी गाना पर परफॉर्म करत दिख रहल बाड़ी.


काल 30 जून के भोजपुरी एक्ट्रेस निशा दुबे (Bhojpuri Actress Nisha Dubey) अपना इंस्टाग्राम पर एगो रील वीडियो पोस्ट कइले रहली जेमे ई कार में बइठल  दिख रहल बाड़ी अउर पवन सिंह के गाना 'हमार जान हउ हो' (Hamar Jaan Hau Ho) पर जबरदस्त परफॉर्मेंस करत नजर आ रहल बाड़ी. ये वीडियो के  खास बात ई बा कि निशा दुबे काफी हॉट और बोल्ड लुक में नजर आ रहल बाड़ी. इनकर ये लुक के इनकर फैंस बहुत तारीफ भी कर रहल बाड़े. इनकर एगो फैन त    इहा तक कह देले बाड़े की भगवान इनकरा के  बहुत फुरसत में बनवले बाड़े. खबर लिखे जाए तक निशा दुबे के ई वीडियो के 12 हजार से ज्यादा व्यूज मिल चुकल बा. कुछ वक्त पहिले निशा दुबे के गाना 'रिमझिम बारिश बरसने लगा' रिलीज भइल रहल ह जेमे लोग के  बहुत प्यार मिलल रहल ह. ये गाना में निशा दुबे बारिश में साड़ी पहिनके डांस करती दिखत रहली.इनकर ई लुक भी खूब धमाल मचवले रहे.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.