Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

Sawan 2021: खेसारी लाल यादव के भोजपुरी गाना 'नगवा के अगवा' बदल देले बा माहौल, मिलल लाखों व्यूज, देखीं Video

भोजपुरी सावन गीत ‘नगवा के अगवा’ के खबर लिखे जाए तक एकरा के 4,700 ,242 लोग देख चुकल बा अऊर ई आंकड़ा काफी तेजी से बढ़ रहल बा.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Entertainment - 04 August 2021

Khesari Lal Yadav Song: भोजपुरी (Bhojpuri) के सुपरस्टार सिंगर खेसारी लाल यादव (Khesari Lal Yadav) के गाना रिलीज होते ही सोशल मीडिया पर गर्दा उड़ जाला. फेर चाहे ऊ गाना कऊनो भी मूड के काहे ना होखे. ये समय सावन के महीना  में इनकर कईगो भक्ति गीत आ रहल बा, जौन दर्शक लोग के काफी पसंद आ रहल बा. अब उनकर एगो नया भोजपुरी बोलबम गीत (Bhojpuri Bolbam Song) ‘नगवा के अगवा’ (Nagwa Ke Agwa) रिलीज भईल बा, जौना के  दर्शक लोग के काफी प्यार मिल रहल बा. खेसारी के बाकी गाना के ही तरे एकरा के भी काफी सफलता मिल रहल बा. गाना के 2 अगस्त के ही टी सीरीज हमार भोजपुरी के यूट्यूब चैनल (Youtube Channel) पर रिलीज कईल गईल बा. दो ही दिन में एकरा के 4 लाख से ज्यादा व्यूज मिल गईल बा.


भोजपुरी सावन गीत ‘नगवा के अगवा’ के  खबर लिखे जाए तक एकरा के 4,700 ,242 लोग देख चुकल बा अऊर ई आंकड़ा काफी तेजी से बढ़ रहल बा. ये शिवभक्ति गीत के खेसारी लाल यादव ही गवले बाड़े. रऊवा के बता दीं कि खेसारी लाल यादव के ये गाना के लिखले बाड़े पवन पांडे जबकि म्यूजिक देले बाड़े आर्या शर्मा. ये वीडियो में खेसारी भगवा कपड़े पहिन के डांस करत दिख रहल बाड़े. साथ में काफी सारा बकग्राउंड डांसर भी बा लोग.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.