Story Content
असम पशुधन निगम के अध्यक्ष मनोज सैकिया के अनुसार राज्य के करीब 306 गांव में अभिन तक ले अफ्रीकन स्वाइन फ्लू के कारण ढाई हजार से अधिक सुअर मर चुकल बाड़न सन. ऐमे अधिकतर मामला ऊपरी असम के बा. चूंकि अभिन तक ले ये फ्लू खातिर कौनो निश्चित वैक्सीन आ दवाई नइखे एहीसे हमनी के ये सुअरन के बचावे के रणनीति तईयार कईले बानी जा जौन अभिन तक ले संक्रमित नइखन स भइल. पशु चिकित्सा विभाग, प्रभावित इलाका के एक किलोमीटर के दायरा में नमूना इकट्ठा कर के एकर जांच कर रहल बा. केवल ओहि सुअरन के मारल जाई जौन संक्रमित पाइल जईहे सन. पहिले जांच खातिर नमूना भोपाल स्थित राष्ट्रीय उच्च सुरक्षा पशुरोग संस्थान में भेजल जात रहे लेकिन अब ई जांच हमनी के पशु चिकित्सा महाविद्यालय के लैब में ही करत बानी जा.
इंसान के केतना खतरा बा?
का अफ्रीकन स्वाइन फ्लू सुअर से मनुष्य के शरीर में आ सकता? ये सवाल के जवाब देहत मनोज सैकिया कहत बाड़े कि,"असम में अफ्रीकन स्वाइन फ्लू के ई पहिला मामला बा अउर अभिन तक हमनी के जौन जानकारी मिल रहल बा ओकरा अनुसार ई फ्लू इंसान में ना फइलेला अउर ना ही ई फ्लू के कोविड 19 के बीमारी से कौनो तरह के संबंध बा."




Comments
Add a Comment:
No comments available.