Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

रामविलास पासवान के जयंती आज, भावुक भइले चिराग, बोललन- मैं लड़ता रहूंगा...

कुछ दिन पहिले जे तरे पार्टी में दू फाड़ हो गइल, ओकरा के ध्यान में रखला के साथे चिराग पासवान एक बार फिर पार्टी पर आपन दावा मजबूत करे खातिर ये यात्रा के शुरुआत कर रहल बाड़न.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 05 July 2021

बिहार में एक बार फेर राजनीतिक हलचल तेज़ होखे लागल बा. आज (5 जुलाई) पूर्व केंद्रीय मंत्री रामविलास पासवान के जयंती ह. ये मौका पर उनकर बेटा अउर लोक जनशक्ति पार्टी के सांसद चिराग पासवान आशीर्वाद यात्रा शुरू कर रहल बाड़न.

यात्रा के शुरुआत से पहिले नई दिल्ली में चिराग ने मीडिया से बात कइले ह, उ कहले ह कि उ आपन लड़ाई लड़त रहिहन, ये दौरान आपन पिता के याद करत चिराग पासवान भावुक भी भइले ह.


कुछ दिन पहिले जे तरे पार्टी में दू फाड़ हो गइल, ओकरा के ध्यान में रखला के साथे चिराग पासवान एक बार फिर पार्टी पर आपन दावा मजबूत करे खातिर ये यात्रा के शुरुआत कर रहल बाड़न. चिराग पासवान सोमवार के हाजीपुर से ये यात्रा के शुरुआत करिहन. ईहां से ही रामविलास पासवान लम्बा वक्त तक सांसद रहलंन, अइसन में चिराग के ये यात्रा के शुरुआत भी इहे से हो रहल बा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.