Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

7th Pay Commission: सरकारी कर्मचारी सब के DA में भईल बढ़ोत्तरी, जानीं कौना-कौना राज्य के कर्मचारी सब के सैलरी में होई इजाफा?

राऊर सैलरी केतना बढ़ी ई जाने खातिर रउरा आपन बेसिक सैलरी चेक करे के पड़ी.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 05 August 2021

नई दिल्ली: केंद्र सरकार केंद्रीय कर्मचारी लोग के महंगाई भत्ता (Dearness Allowance- DA) अऊर महंगाई राहत (DR) के जुलाई महीना के शुरुआत में ही बढ़ावे के ऐलान कर देले बा. एकरा अलावा सरकार केंद्रीय कर्मचारी लोग  के हाउस रेंट अलाउंस (HRA) भी बढ़ा देले बा. ई 1 जुलाई से लागू होई यानी जुलाई 2021 से केंद्रीय कर्मचारी लोग के  डबल फायदा मिल सकता . ये कदम से केंद्र सरकार के करीब 48.34 लाख कर्मचारी लोग  तथा 65.26 लाख पेंशनभोगी लोग के लाभ होई. केंद्र सरकार के नक्शा कदम पर चलत अब ई सब राज्य भी महंगाई भत्ता के बढ़ा देले बिया.



जानीं केतना मिली DA?

राऊर सैलरी केतना बढ़ी ई  जाने खातिर रउरा आपन बेसिक सैलरी चेक करे के पड़ी. साथ ही एकरा बाद अपना मौजूदा DA के जांच करीं. फिलहाल ई 17 फीसदी बा जौन DA बहाली के बाद 28% तक जाई. एहीसे मासिक DA 11% बढ़ जाई.  केंद्र सरकार के कर्मचारी के डीए 1 जुलाई 2021 से उनकर मूल वेतन के 11% तक बढ़ जाई.




ये लिस्ट में कौन-कौन राज्य  केतना कईले बिया DA में बढ़ोत्तरी


1. उत्तर प्रदेश
उत्तर प्रदेश (Uttar Pradesh) सरकार भी महंगाई भत्ता बढ़ावे के ऐलान कर देले बिया. राज्य सरकार के ये फैसला से 16 लाख सरकारी कर्मचारी अऊर 12 लाख पेंशनर्स के फायदा होई. सरकारी कर्मचारी लोग के  28 फीसदी के बढ़ल दर से महंगाई भत्ता जल्द मिल सकता.


2. जम्मू कश्मीर
जम्मू-कश्मीर सरकार सरकारी कर्मचारी लोग आ पेंशनर्स खातिर महंगाई भत्ता (DA) 17 फीसदी से बढ़ाके 28 फीसदी कर देले बिया. बढ़ल महंगाई भत्ता 1 जुलाई से लागू होई.


3. झारखंड
झारखंड सरकार भी DA 17 फीसदी से बढ़ाके 28 फीसदी क देले बिया. ऐसे पहिले केंद्र सरकार केंद्रीय कर्मचारी लोग अऊर पेंशनभोगी लो खातिर  DA बढ़ावे के ऐलान कईले रहे.


4. कर्नाटक
कर्नाटक सरकार (Karnataka government) भी महंगाई भत्ते (DA) के अतिरिक्त किस्‍त जारी करे के एलान कईले बा. राज्य सरकार  महंगाई भत्ता के  जनवरी 2020 से जून 2021 के अवधि खातिर मौजूदा 11.25 फीसदी से संशोधित करके 21.5 फीसदी कर देले बिया.


Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.