Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

Aadhaar में एड्रेस अपडेट करावल भईल मुश्किल, UIDAI नियमन में कर दिहलस ई बड़ बदलाव

UIDAI ट्वीट में लिखले बा कि नियम बदलला के बाद आधार कार्ड पर एड्रेस चेंज करे से पहिले रउवा डॉक्युमेंट के लिस्ट के चेक करे के होई

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 16 August 2021

नई दिल्ली: अगर रउवा अपना आधार कार्ड (Aadhaar Card) में एड्रेस अपडेट करावे के बा त रउवा खातिर जरूरी खबर बा. UIDAI आधार में एड्रेस करावे वाला नियमन में बदलाव कईले बा. अब रउवा बिना एड्रेस प्रूफ के आधार में एड्रेस अपडेट (Aadhaar Card Address Change Process) ना करा सकीले. पहिले UIDAI ये नियमन में ढील देहले रहले, लेकिन अब ये नियमन में फेर से बदलाव कर दिहल गईल बा. UIDAI ट्वीट करके ये बारे में जानकारी देहले बा.



UIDAI ट्वीट में लिखले बा कि नियम बदलला के बाद आधार कार्ड पर एड्रेस चेंज करे से पहिले रउवा डॉक्युमेंट के लिस्ट के चेक करे के होई अऊर ये डॉक्युमेंट्स के  मदद से ही रउवा आधार में एड्रेस अपडेट करा सकीला. आईं जानल जा कि कईसे रउआ आपन एड्रेस आधार कार्ड पर बदल सकीलें-


हेंगा करीं ऑनलाइन आवेदन

>> यूआईडीएआई की वेबसाइट पर जाके ‘Proceed to Update Aadhaar’ पर क्लिक करीं.

>> एकरा बाद आपन 12 अंक वाला आधार नंबर दर्ज करीं. फेर सिक्‍योरिटी कोड या कैप्‍चा कोड डालीं.

>> एकरा बाद ‘Send OTP’ के ऑप्‍शन पर क्लिक करीं.

>> राउर आधार के साथ रजिस्‍टर्ड मोबाइल नंबर पर एगो ओटीपी आई, जेकरा के दर्ज करीं.

>> एकरा बाद ‘Login’ पर क्लिक करीं.

>> लॉगइन करत ही राउर आधार डिटेल्‍स स्‍क्रीन पर नजर आवे लागी.

>> ऐमें आपन एड्रेस के बदल लीं अऊर देहल गईल 32 दस्‍तावेज में कौनो एगो के स्‍कैन कॉपी के अपलोड करके सबमिट कर दीं.


हेंगा करीं ऑफलाइन आवेदन

>> अपना नजदीकी आधार केंद्र जाके आधार कार्ड अपडेट फॉर्म भरीं.

>> फॉर्म जमा करीं अऊर वेरिफिकेशन खातिर आपन बायोमेट्रिक्स दीं.

>> कर्मचारी रउवा के एगो रसीद दी, जेमें एगो अपडेट रिक्वेस्ट नंबर (URN) होई.

>> ये URN के उपयोग करके आधार अपडेशन स्टेटस ट्रैक कईल जा सकेला.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.