Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

Afghanistan Crisis: अफगानिस्तान पर तालिबान के कब्जा के बाद UNSC आज करी आपात बैठक

तालिबान अपना नियंत्रण वाला इलाका में विशेष रूप से महिलन अऊर पत्रकारन के निशाना बनाके कठोर पाबंदी लगा रहल बा.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 16 August 2021

न्यूयॉर्क: संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद (UNSC) एस्टोनिया अऊर नॉर्वे के अनुरोध पर अफगानिस्तान (Afghanistan Crisis) के स्थिति पर सोमवार के आपात बैठक करी. परिषद के राजनायक लोग रविवार के कहलस लोग कि संयुक्त राष्ट्र महासचिव एंतोनियो गुतारेस (Antonio guterres) परिषद के सदस्य लोग के राजधानी काबुल पर तालिबान के कब्जा के बाद के ताजा हालात से अवगत करावल जाई. ऐसे पहिले संयुक्त राष्ट्र प्रमुख ये शुरुआती संकेत पर भी अफसोस जतवले रहे कि तालिबान अपना नियंत्रण वाला इलाका में विशेष रूप से महिलन अऊर पत्रकारन के निशाना बनाके कठोर पाबंदी लगा रहल बा.



संयुक्त राष्ट्र प्रमुख साथ ही देश भर के प्रांतीय राजधानियन पर तेजी से कब्जा कर रहल तालिबान से तत्काल हमला रोके के अऊर अफगानिस्तान अऊर ओकर लोग के हित में ‘ईमानदारी से बातचीत’ करे के अपील कईले रहे. गुतारेस कहले रहले की, ‘युद्ध के मार्ग पर चल रह लोग के अंतरराष्ट्रीय समुदाय के संकेत स्पष्ट बा: सैन्य ताकत से सत्ता हासिल कईल एगो विफल कदम बा. ई केवल लंबा समय तक गृहयुद्ध या अफगानिस्तान के पूर्ण अलगाव के कारण बनी.’

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.