Story Content
कुछ दिन के सुस्ती के बाद आठ जुलाई से उत्तर भारत के कईगो इलाका में फेर दक्षिण पश्चिम मानसून सक्रिय नजर आई. मौसम विभाग के मुताबिक मानसून आगे नइखे बढ़त अउर ये सब इलाका के सात जुलाई तक गर्मी से राहत मिले के उम्मीद बा, बावजूद एकरा कि उत्तर प्रदेश अउर राजस्थान के कुछ इलाका में ये दौरान बरसात भी भइल बा.
पश्चिमी यूपी, पंजाब अउर पश्चिमी राजस्थान के अभिन दक्षिण पश्चिम मानसून के करे के पड़ी इंतजार
भारतीय मौसम विज्ञान विभाग (आइएमडी) रविवार के कहलस कि पश्चिमी उत्तर प्रदेश, पंजाब अउर पश्चिमी राजस्थान के अभिन दक्षिण पश्चिम मानसून के इंतजार करे के पड़ी. मानसून के आगे बढे खातिर अनुकूल माहौल नइखे बनत.
उत्तर भारत, दक्षिण, मध्य, पूर्वी अउर पूर्वोत्तर भारत में सामान्य से कम बारिश के अनुमान
आइएमडी जुलाई खातिर मौसम के पूर्वानुमान में ये महीने में झमाझम बरसात के संभावना जतवले बा. हालांकि, ये दौरान उत्तर भारत के कुछ हिस्सा, दक्षिण प्रायद्वीप के कुछ भाग, मध्य, पूर्वी अउर पूर्वोत्तर भारत में सामान्य अउर एकरा से कम बारिश हो सकेला.




Comments
Add a Comment:
No comments available.