Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

Corona Update : 4 लाख से ज्यादा मौत वाला तीसरका देश भारत बा, अभी ज्यादा प्रभावित देश से एहिजा हालात ठीक बा

भारत के अलावा ब्राजील (Brazil) अउर अमेरिका ही अइसन दुगो देश बा, जहां चार लाख से ज्यादा मरीज लोग के मौत भइल बा. हालांकि, भारत के तुलना में दुनू देश में मौत के संख्या में एक लाख से ज्यादा के अंतर बा.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 02 July 2021

 नई दिल्ली. कोरोना वायरस के दुसरका लहर (Coroanavirus Second Wave) से उबरत भारत में संक्रमित लोग के मौत के आंकड़ा 4 लाख के भी पार क गइल बा. भारत के अलावा ब्राजील (Brazil) अउर अमेरिका ही अइसन दुगो  देश बा, जहां चार लाख से ज्यादा मरीज लोग के मौत भइल बा. हालांकि, भारत के तुलना में दुनू देश में मौत के संख्या में एक लाख से ज्यादा के अंतर बा. गुरुवार के देश में 700 से ज्यादा मरीज लोग आपन जान गँववलस.


कोरोना वायरस के संक्रमण के चलते दुनिया में सबसे ज्यादा मौत अमेरिका में भइल बा. इहा अब तक 6 लाख 20 हजार 645 मरीज लोग आपन जान गंवा चुकल बा. त उहे, ई मामला में दूसरा नंबर पर ब्राजील बा जहां 5 लाख 20 हजार 189 लोग के मौत भइल बा. ई तीनो देश के अलावा मैक्सिको में दू लाख से ज्यादा लोग के मौत हो चुकल बा. उहे, पेरू में आंकड़ा दू लाख पहुंचे के करीब बा.

टाइम्स ऑफ इंडिया के मुताबिक, ये सब देश में भारत में प्रति 10 लाख आबादी के हिसाब से मौत अब तक सबसे कम बा. भारत में इ आंकड़ा 287 बा. जबकि, रूस में इ संख्या 916, फ्रांस, मैक्सिको, अमेरिका अउर ब्रिटेन में 1000 अउर 2000 के बीच में बा. महामारी से खास प्रभावित ये सब  देश में पेरू में मौत के अनुपात सबसे ज्यादा बा. जहां प्रति 10 लाख आबादी पर 5 हजार 765 लोग के मौत भइल बा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.