Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

बच्चा के बचावे खातिर जुटल भीड़, कुआं धंसला से करीब 40 लोग गिरल, अभिन तक 4गो के मौत

हादसा होते ही मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान एकर उच्च स्तरीय जांच खातिर आदेश देले बाड़न.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 16 July 2021

विदिशा: मध्य प्रदेश के विदिशा जिलामें गुरुवार रात दिल दहला देवे वाला हादसा भइल. लाल पठार में एगो कुंआ में एगो बच्चा गिर गइल. ओकरा के बचावे खातिर  जब लोग पहुंचल त पूरा कुआं ही धंस गइल. कुंआ के आसपास भारी भीड़ रहल, जेकरा वजह से करीब 40 लोग ओमें गिर गइल. कुआं धसला के ये घटना में अभिन तक 4गो लोग के मौत हो चुकल बा. 20गो लोग के बचा लिहल गइल बा. जबकि, 15-20 लोग के अभिन भी फंसल होखे के आशंका बा. राज्य सरकार मृतक लोग के परिवारजन के 5 लाख रुपया अउर घायल लोग के 50 हजार रुपया के आर्थिक मदद देवे के घोषणा कइले बिया. घायल लोग के मुफ्त इलाज के  सुविधा प्रदान कइल जाई. हादसा होते ही मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान एकर उच्च स्तरीय जांच खातिर आदेश देले बाड़न. NDRF के टीम राहत-बचाव कार्य में जुटल बिया.


हादसा के सर्वे ड्रोन से कइल जा रहल बा. ADG ए. सांई मनोहर के निगरानी में ई सर्वे भोपाल कंट्रोल रूम में भेजल जा रहल बा. डिजास्टर मैनेजमेंट के वरिष्ठ अधिकारी लोग के भी एकर तस्वीर भेजल जा रहल बा. सीएम शिवराज कंट्रोल रूम से पूरा हादसा के जानकारी ले रहल बाड़न. घटना के लेके प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री कमलनाथ भी चिंता जतवले बाड़े. बता दीं, जिला के प्रभारी मंत्री विश्वास सारंग  मृतक लोग के संख्या तीनगो बतवले बाड़े, जबकि मीडिया रिपोर्ट्स के मुताबिक 4गो शव बरामद भइल बा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.