Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

बारिश से उत्तर बिहार में गहराइल बाढ़ के खतरा, सीतामढ़ी में डायवर्सन ध्वस्त, रेल पुल से पार कर रहल बा लोग

जलस्तर कम होखे के साथे नदियन के धार तेज हो गईल बा.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 02 July 2021

बारिश से उत्तर बिहार में बाढ़ के खतरा फिर गहराए लागल बा. बूढ़ी गंडक के जलस्तर बढ़ला से जून माह में ही पूर्वी चम्पारण के सुगौली शहर के निचला इलाका में बाढ़ के पानी प्रवेश करे लागल बा. उहे बंजरिया प्रखंड क्षेत्र में बाढ़ के स्थिति फिर गंभीर होता.  ओने, गंडक नदी में पानी कम होखला से बगहा शहरी क्षेत्र के पास कटाव तेज हो गइल बा. इंजीनियर लोग के टीम कटाव रोके में जुटल बा. सीतामढ़ी के ढेंग में भी बागमती नदी खतरा के निशान से 30 सेमी ऊपर से बह रहल बिया. 

कटौझा, चंदौली, सोनाखान व डूबा धार के  जलस्तर में बढ़ोतरी जारी बा. एने, लखनदेई नदी में पानी बढ़ला से रेल पुल के पास बनल दुगो  डायवर्सन बह गइल बा. मजबूरन लोग के रेल पुल से नदी पार करे के पड़ता. समस्तीपुर में बूढ़ी गंडक के  जलस्तर स्थिर त मोहनपुर के सरारी घाट में गंगा के पानी कम हो रहल बा.

पश्चिम चम्पारण में गंडक, सिकरहना समेत अन्य नदियन में जलस्तर कम हो रहल बा. सोमवार के वाल्मीकिनगर बराज से गंडक में 81800 क्यूसेक पानी छोडाइल बा. जलस्तर कम होखे के साथे नदियन के धार तेज हो गईल बा. बगहा के शहर के पास के नदी फिर से कटाव शुरू क देले बया. इंजीनियर लोग के टीम कटाव स्थल के लगे कैम्प क रहल बिया. 

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.