Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

Delhi Rain: दिल्ली भईल पानी-पानी, मौसम विभाग जारी कईलस ऑरेंज अलर्ट

बता दीं कि आज दिन भर दिल्ली में जबरदस्त बारिश के संभावना बा.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 21 August 2021

दिल्ली: राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली एनसीआर में मूसलाधार बारिश के कारण मौसम सुहाना हो गईल बा. एक तरफ लोग के उमस भरल गर्मी से राहत मिलल बा त उहें दूसरा तरफ सड़क पर जल भराव के कराण कईगो रास्ता पर ट्रैफिक के रोक दिहल गईल बा.  साथ ही मौसम विभाग कईगो राज्य खातिर अलर्ट जारी कईले बा। राष्ट्रीय राजधानी क्षेत्र दिल्ली में शुक्रवार रात से ही मूसलाधार बारिश जारी बा। बारिश के कारण लोग के गर्मी से राहत मिलल बा. मूसलाधार बारिश के कारण दिल्ली के कईगो इलाकों में पानी भर गईल बा. सड़क पर पानी जमला  के कारण ट्रैफिक पर भी असर पड़ रहल बा । शहर के आजाद मार्केट अंडरपास में करीब डेढ़ फीट तक पानी जम गईल बा अइसे में ये रास्ता के बंद करे के पड़ल ह. एकरा अलावा आईटीओ इलाका में भी अंडरपास में पानी जम गईल बा.

बता दीं कि आज दिन भर दिल्ली में जबरदस्त बारिश के संभावना बा. मौसम विभाग के ओर से दिल्ली खातिर  ऑरेंज अलर्ट जारी कईल गईल बा. मौसम विभाग  बतवले बा कि दिल्ली में शनिवार के मध्यम से तेज बारिश हो सकत बा. मौसम विभाग के मुताबिक न्यूनतम तापमान 25 डिग्री रह सकता.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.