Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

बिहार में बाढ़ के कहर, मुजफ्फरपुर में थाना डूब गइल

मालखाना में रखल गाडी अउर अन्य सामान खराब हो रहल बा

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 14 July 2021

बिहार में बाढ़ के कहर थमे के नाम ही नइखे लेत. बूढ़ी गंडक नदी के  पानी अभिन खतरा के निशान से ऊपर बह रहल बा। मुजफ्फरपुर के अहियापुर थाना बाढ़ के चपेट में आ गइल बा.

थाना परिसर में बाढ़ के पानी पहुंच गइल बा.  मालखाना में रखल गाडी अउर अन्य सामान खराब हो रहल बा. ईहां आए-जाए खातिर पुलिसकर्मी लोग के नाव के सहारा लेवे के पड़ रहल बा. पुलिस अधिकारी लोग के अनुसार, हर साल बाढ़ के पानी थाना में प्रवेश कर जाता, जेकरा के लेके पुलिस विभाग के द्वारा नाव के  व्यवस्था करवावल गइल बा. अगर पानी बढ़त  बा त थाना के पुराना थाना में शिफ्ट कइल जाई. बाढ़ प्रभावित मुजफ्फरपुर जिला के शहर अउर कईगो ग्रामीण क्षेत्र में श्मशान घाट भी बाढ़ के पानी में डूब गइल बा, जेकरा चलते अंतिम संस्कार में लोग के परेशानी के सामना करे के  पड़ रहल बा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.