Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

आशीर्वाद यात्रा के चउथा चरण: गया, नवादा के बाद CM नीतीश के गढ़ नालंदा में हुंकार भरिहन चिराग

बीतल विधानसभा चुनाव से ही चिराग पासवान के निशाना पर सीएम नीतीश रहत आईल बाड़े.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 30 July 2021

पटना: जमुई सांसद चिराग पासवान आपन आशीर्वाद यात्रा के चऊथा चरण  (Fourth Phase of Chirag Paswans Ashirwad Yatra) के शुरुआत करिहन. आज ऊ मुख्यमंत्री नीतीश कुमार (CM Nitish Kumar) के गृह जिला नालंदा में भी हुंकार भरिहन. आशीर्वाद यात्रा के ये चरण में चिराग 30 जुलाई के गया, 31 जुलाई के नवादा अऊर 1 अगस्त के नालंदा जिला में आपन सभा करिहन. लोजपा के चिराग गुट के  प्रवक्ता राजेश भट्‌ट बतवले ह कि 1 अगस्त के चिराग नालंदा में खुद मौजूद रहिहन अऊर जनता से आपन सीधा संवाद स्थापित करिहन. लोजपा प्रवक्ता के कहनाम बा कि पिछला तीन चरण के आशीर्वाद यात्रा में चिराग पासवान के जऊन जनसमर्थन मिलल बा, ओसे ईहे उम्मीद बा कि चउथा चरण में भी लोग के समर्थन मिली.


बकौल लोजपा प्रवक्ता चिराग पासवान के आशीर्वाद यात्रा के लेके तीन जिला के कार्यकर्ता काफी उत्साहित बाड़े. ऊ लोग आपन नेता के स्वागत खातिर शहर के पार्टी के झंडा अऊर बैनर से पाट देले बाड़े. बता दीं कि चिराग पासवान आशीर्वाद यात्रा के प्रथम चरण में चिराग आपन चाचा पशुपति कुमार पारस के संसदीय क्षेत्र हाजीपुर से कईले फिर समस्तीपुर, बेगूसराय अऊर खगड़िया के ऊ दौरा कईले रहले.


एकरा बाद दूसरका चरण में कटिहार, पूर्णिया अऊर अररिया में चिराग के आशीर्वाद यात्रा 16, 17 अऊर 18 जुलाई के आयोजित भईल रहल ह. तीसरका चरण में 24 जुलाई के जहानबाद पहुंचल रहले. ईहां उनकरा व्यापक जनसमर्थन मिलल रहे. एकरा से पहिले 23 जुलाई के ऊ बेतिया में शराबकांड के पीड़ित लोग से भी मिले भी गईल रहले. हालांकि ई आशीर्वाद यात्रा के हिस्सा ना रहे.


बहरहाल, अब चउथा चरण के शुरुआत के साथ ही लोग के निगाह ये बात पर टिकल बा कि आगामी एक अगस्त के सीएम नीतीश कुमार के गृह जिला नालंदा में ऊ का स्पीच देत बाड़े. बता दीं कि बीतल विधानसभा चुनाव से ही चिराग पासवान के निशाना पर सीएम नीतीश रहत आईल बाड़े. चिराग नीतीश सरकार के बड़ आलोचक के तौर पर आगे आईल बाड़े अऊर विभिन्न योजना के खामी के उजागर करे के दावा कर रहल बाड़े.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.