Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

पूर्वी यूपी में पहुंच गइल बा डेल्टा प्लस वैरिएंट, एमबीबीएस छात्रा समेत दू जानी में भइल पुष्टि

दूसरा लहर में डेल्टा प्लस, डेल्टा और कप्पा वैरिएंट जमके तबाही मचवले रहे . 30 मरीज लोग के नमूना के जीनोम सीक्वेसिंग जांच में एकर खुलासा भइल बा. एमे 27 में डेल्टा, दूगो में डेल्टा प्लस और एगो मरीज में कप्पा वैरिएंट के नया स्वरूप मिलल बा.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 08 July 2021

कोरोना के सबसे घातक वैरिएंट डेल्टा प्लस  पूर्वी यूपी में दस्तक दे चुकल बा. गोरखपुर अउर देवरिया के दूगो मरीज में डेल्टा प्लस वैरिएंट के तस्दीक भइल बा . एमे से एगो के मौत हो चुकल बा। ये वैरिएंट के पता जीनोम सिक्वेंसिंग के जरिए चलेला.  रिपोर्ट मिलला के बाद हड़कंप मच गइल बा.

दूसरा लहर में डेल्टा प्लस, डेल्टा और कप्पा वैरिएंट  जमके तबाही मचवले रहे.  30 मरीज लोग के नमूना के जीनोम सीक्वेसिंग जांच में एकर खुलासा भइल बा. एमे 27 में डेल्टा, दूगो में डेल्टा प्लस और एगो मरीज में कप्पा वैरिएंट के नया स्वरूप मिलल बा.

बीआरडी मेडिकल कॉलेज के माइक्रोबॉयोलॉजी के टीम ये मरीज लोग के नमूना अप्रैल अउर मई माह में लेके जीनोम सीक्वेसिंग के लिए इंस्टीट्यूट ऑफ जीनोमिक्स एंड इंटीग्रेटिव (आईजीआईबी) दिल्ली भेजले रहे. बुधवार के दिल्ली के संस्थान से रिपोर्ट बीआरडी के माइक्रोबॉयोलॉजी विभाग के मिलल.


पहिला से दू गुना घातक रही दूसरी लहर

कोरोना के पहिला  से दू गुना घातक दूसरा लहर रही। पहिला लहर में करीब 20 हजार संक्रमित मिलल रहले. उहे दूसरा लहर में करीब 36 हजार संक्रमित मिलल रहले. दूसरा लहर में कोरोना जमके तबाही मचवले रहे. सरकारी अउर निजी अस्पताल में बेड तक ना मिलत रहे.

संक्रमण के दर एतना तेज रहे कि अप्रैल अउर मई माह में औसतन 1000 के आसपास मरीज प्रतिदिन मिलत रहे लो. लेकिन ये सबके बीच वायरस के नया  स्वरूप के जानकारी ना मिल पावत रहे. जबकि पूरा दुनिया में नयका डेल्टा प्लस वैरिएंट के चर्चा जोर पर रहल.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.