Story Content
पेट्रोल अउर डीजल के महंगाई से परेशान लोग खातिर मंगलवार के दिन खुशी लेके आइल. आज फेर तेल के कम्पनी पेट्रोल-डीजल के कीमत में कौनो बढ़ोत्तरी नइखे कइले. ऐसे पहिले सोमवार के तेल विपणन कंपनी सब पेट्रोल के कीमत में 35 पैसा के इजाफा क देले रहे. ओहिजा डीजल के कीमत में कौनो बदलाव ना भइल रहे. ऐसे पहिले शुक्रवार के भी सिर्फ पेट्रोल के दाम बढ़ल रहे. रविवार के भी पेट्रोल में जहां 35 पइसा के तेज बढ़ोतरी भइल रहे उहे डीजल में महज 18 पइसा के तेजी आईल रहे.
आज दाम ना बदले के चलते दिल्ली में अभिन पेट्रोल के कीमत 100 रुपया से मात्र 14 पइसा पीछे बा. दिल्ली में सोमवार के पेट्रोल 99.86 रुपये प्रति लीटर पर चल गइल रहे । ऊहे डीजल 89.36 रुपया प्रति लीटर के भाव पर स्थिर बा. मुंबई में पेट्रोल के दाम 105.92 रुपया बा , कोलकाता में पेट्रोल 99.84 रुपया बा अउर
चेन्नई में पेट्रोल 100.75 रुपया पर बिक रहल बा. राजस्थान के श्रीगंगानगर में पेट्रोल के रेट 111 रुपये को पार क गइल बा, जबकि डीजल के दाम 102 रुपये प्रति लीटर बा. देश के 730गो जिला में से 332गो जिला अइसन बा जहां पर पेट्रोल 100 रुपये के पार पर बिक रहल बा.




Comments
Add a Comment:
No comments available.