Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

अवैध बालू खनन मामला: बिहार के 18 पुलिस अफसर के डीजीपी कईले सस्पेंड

बालू माफिया लोग से ये लोग के संबंध के भी उजागर कईले रहे.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 29 July 2021

बालू के अवैध खनन मामला में दागी अफसर लोग पर बिहार सरकार के कार्रवाई लगातार जारी बा. ये कड़ी में बिहार पुलिस मुख्यालय द्वारा अवैध खनन (Illegal Sand Mining) में शामिल होखे के आरोप में पिछला कुछ समय में राजधानी पटना के अलावा सारण, भोजपुर, औरंगाबाद अऊर रोहतास से हटावल गईल चार पुलिस इंस्पेक्टर लोग अऊर 14 सब इंस्पेक्टर लोग के तत्काल प्रभाव से निलंबित कर दिहल गईल बा. ये सब के खिलाफ विभागीय कार्रवाई भी चलावे के निर्देश दिहल गईल बा. डीजीपी एसके सिंघल के निर्देश पर ई कार्रवाई कईल गईल बा. ये सब पुलिस अफसर लोग के खिलाफ आर्थिक अपराध इकाई भी जांच कईले रहे अऊर बालू माफिया लोग से ये लोग के संबंध के भी उजागर कईले रहे.


आर्थिक अपराध इकाई के रिपोर्ट के बाद आरोपी लोग पर कार्रवाई कईला के बाद ये लोग के पहिले फील्ड से हटावल गईल अऊर  फेर ये लोग के खिलाफ निलंबन के कार्रवाई कईल गईल. बिहार पुलिस मुख्यालय द्वारा जऊन पुलिस इंस्पेक्टर लोग पर कार्रवाई भईल बा ओमे अरविंद कुमार, सुनील कुमार, दयानंद सिंह अऊर अवधेश कुमार झा के नाम शामिल बा. एकरा अलावा सब इंस्पेक्टर रैंक में संजय प्रसाद, दीप नारायण सिंह, रहमतुल्लाह, कृपाशंकर शाह, बृजेंद्र प्रताप सिंह, आनंद कुमार सिंह, पंकज कुमार, सतीश कुमार सिंह, राजेश कुमार चौधरी, दिनेश कुमार दास, राजकुमार, अशोक कुमार अऊर  रामपुकार राम के नाम शामिल बा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.