Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

बिहार पंचायत चुनाव में 36गो चिन्ह के सहारे आपन किस्मत आजमाई लो मुखिया पद के प्रत्याशी... इहां देंखी पूरा लिस्ट

मुखिया पद के प्रत्याशी 'पंचायत के सरकार' खातिर होखे वाला चुनाव में आपन किस्मत कुंआ, मोर, बाल्टी और गाजर, के सहारे आजमा सकेला.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 13 July 2021

पटना : बिहार में पंचायती चुनाव (Bihar Panchayat Elections 2021) सितंबर-अक्टूबर में हो सकता.  एकरा के लेके राज्य निर्वाचन आयोग के तरफ से तैयारी के दौर जारी बा. आयोग पिछला सप्ताह ही मतदान अधिकारी लोग अउर मतदाता लोग खातिर गाइडलाइन जारी कइले रहे. अब चुनाव में खड़ा होखे वाला उम्मीदवार लोग खातिर भी चुनाव चिन्ह के निर्धारण क दिहल गइल बा.

मुखिया पद के प्रत्याशी 'पंचायत के सरकार' खातिर होखे वाला चुनाव में आपन किस्मत कुंआ, मोर, बाल्टी और गाजर, के सहारे आजमा सकेला. उहें जिला परिषद सदस्य लोग खातिर लेटर बॉक्स, पतंग, लेडी पर्स सहित अउरी चुनाव चिन्ह तय कइल गइल बा. निर्वाचन आयोग के ओर से मुखिया, जिला परिषद सदस्य सहित सगरी  छउ पद खातिर चुनाव चिन्ह तय क दिहल गइल बा. एहि चुनाव चिन्ह के सहारे प्रत्याशी लोग चुनावी मैदान में आपन किस्मत आजमाई.


मुखियई खातिर हई चुनाव चिन्ह 

पंचायती चुनाव में ग्राम पंचायत के मुखिया पद खातिर आपन किस्मत आजमावे वाला खातिर आयोग  36गो  चुनाव चिन्ह तय कइले बा. ई चुनाव चिन्ह बा- हंसिया, मोतियों के माला, जग, ढोलक, केतली, कलम अउर दवात, कुआं, टेंपू, मोर, पुल, बैगन, सेव, ब्रश, चिमनी, डीजल पंप, कैमरा, मोमबत्तियां, टॉफी, काठगाड़ी, छड़ी, ब्लैक बोर्ड, सीटी, गाजर, बाल्टी, मोबाइल, चुड़ियां, उगत सूरज, टोकरी, टेलीविजन, जंजीर, ऊंट, किताब, तोता, वायुयान, खजूर के पेड़ अउर  पपीता.

जलत दीया, पतंग, टोप, लेडी पर्स, हारमोनियम, लेटर बॉक्स, कांच के गिलास, ताला अउर चाभी, गैस चूल्हा, मक्का, टैबल लैंप, प्रेशर कुकर, मेज, रेल के इंजन, वैन, आरी, मछली, अंगूर के गुच्छा, स्लेट अउर सिलाई के मशीन.


सरपंच पद खातिर 21गो चिन्ह

आयोग सरपंच पद खातिर 21गो  चिन्ह तय कइले बा. ई चिन्ह बा- पानी के जहाज, मोटरसाइकिल, ट्रक, स्टोव, माचिस, भोजन के थाली, खल-मूसल, नल, चौका-बेलन, लडडू, बल्व, जोड़ा बैल, स्टूल, बगुला, हल, टमटम, बांसुरी, टाइपराइटर, छाता, चरखा अउर  खूरपी.



Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.