Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

भारतीय महिला टीम रच देले बिया इतिहास, ऑस्‍ट्रेलिया के 1-0 से हराके पहिला बार सेमीफाइनल में कईलस एंट्री

ओलिंपिक में महिला हॉकी की शुरुआत 1980 में भईल रहे. वो साल भारत चउथा नंबर पर रहे अऊर मेडल बस एक स्थान से जीते से चूक गईल रहे.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 02 August 2021

टोक्यो ओलिंपिक (Tokyo Olympics) के टर्फ पर भारतीय हॉकी के महिला टीम (India’s Women’s Hockey Team) इतिहास रच देले बिया. खेल के महाकुंभ में अभिन तक जऊन ना भईल रहल ह ऊ करके ई टीम देखवले बिया. क्वार्टर फाइनल मुकाबला में भारतीय महिला टीम बड़ उलटफेर करत ऑस्ट्रेलिया के मात दे देले बिया. भारत अपना से कहीं मजबूत आंकल जा रहल ऑस्ट्रेलियाई हॉकी टीम के 1-0 से हरवले बिया. भारत के खातिर एक मात्र गोल गुरजीत कौर (Gurjeet Kaur) दगली.  ई पहिला बार रहे जब भारतीय टीम ओलिंपिक के क्वार्टर फाइनल खेलत रहे, जेकरा के जीत के सेमीफाइनल के टिकट कटा लेले बिया अऊर  अब पहिला बार होई जब भारतीय महिला हॉकी टीम ओलिंपिक के सेमीफाइनल खेलती दिखी.


ओलिंपिक में महिला हॉकी की शुरुआत 1980 में  भईल रहे. वो साल भारत चउथा नंबर पर रहे अऊर मेडल बस एक स्थान से जीते से चूक गईल रहे. एकरा बाद 36 साल बाद भारतीय महिला हॉकी टीम 2016 के रियो ओलिंपिक खातिर क्वालिफाई कईलस लेकिन ऊहां एक भी मैच ना जीत सकल. 

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.