Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

का ह खुरासान इलाका, जौना के आतंकी संगठन अपना नाम के साथ जोड़ले बा

आतंकवादी संगठन आईएस खुरासान के सपना बा कि उ ये पूरा इलाका के मिलाके फेर से खुरासान क्षेत्र के जिंदा करी.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 28 August 2021

अफगानिस्तान के राजधानी काबुल के एयरपोर्ट पर दिल दहला देवे वाला धमाका के बाद जौना आतंकी संगठन के चर्चा ब, ओकर नाम इस्लामिक स्टेट खुरासान बा. ई सीरियो अउर इराक में सक्रिय आतंकवादी संगठन आईएसआईएस के सहयोगी संगठन ह. ई अपना नाम के जौन खुरासान इलाका  के नाम के खुद से जोड़ले बा, उ प्राचीन समय में मध्य एशिया के ऐतिहासिक क्षेत्र रहे,

खुरासान  के फारसी में ख़ुरासान-ए-कहन भी कहल जाला. प्राचीन ख़ोरासान मध्य एशिया के एगो ऐतिहासिक क्षेत्र रहे, जेमे आधुनिक अफगानिस्तान, तुर्कमेनिस्तान, उज़बेकिस्तान, ताजिकिस्तान अउर पूर्वी ईरान के बहुत भाग शामिल रहे. एमे कब्बो-कब्बो सोग़दा अउर आमू-पार क्षेत्र शामिल कईल जात रहे. ईरान में अब भी खुरासान नाम के एगो प्रांत बा, जौन ये ऐतिहासिक ख़ुरासान इलाका के केवल एगो भाग बा.


खुरासान राज के स्थापना आतंकी संगठन के सपना

आतंकवादी संगठन आईएस खुरासान के सपना बा कि उ ये पूरा इलाका के मिलाके फेर से खुरासान क्षेत्र के जिंदा करी. फिलहाल आईएस-के के सक्रियता अफगानिस्तान के ही कुछ इलाकों में बा. अफगानिस्तान के दूगो प्रांत पर उ आपन स्थिति के मजबूत बनवले बा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.