Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

मुलायम सिंह यादव से मिलले लालू प्रसाद, राजनीतिक गलियारा सरगर्मी तेज

खेत-खलिहान,ग़ैर-बराबरी, अशिक्षा,किसान,गरीब अऊर बेरोजगार लोग खातिर हमनी के साँझ चिंता अऊर लड़ाई बा.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 02 August 2021

बिहार में सियासी खींचतान अऊर उत्तर प्रदेश में ​होखे वाला विधानसभा चुनाव से पहिले दूगो वरिष्ठ राजनेता लोग के मुलाकात सियासी गलियारा में हलचल पैदा क देले बा. सोमवार के बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री अऊर राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव ( Rashtriya Janata Dal President Lalu Prasad Yadav ) यूपी के पूर्व सीएम मुलायम सिंह यादव ( Samajwadi Party leader Mulayam Singh Yadav ) से मुलाकात भईल ह. ये दौरान लालू यादव मुलायम सिंह से मिलके  उनकर कुशल क्षेम जनले ह. रऊवा के बता दीं कि मुलायम सिंह ना केवल लालू यादव के पुराना राजनीतिक साथी हवन, बल्कि उनकर  रिश्तेदार भी हवन.दूनू नेता लोग के मुलाकात के बाद लालू  ट्वीट कके कहले ह कि देश के वरिष्ठतम समाजवादी साथी आदरणीय श्री मुलायम सिंह जी से मुलाकात कके उनकर 

 कुशलक्षेम जननी ह. खेत-खलिहान,ग़ैर-बराबरी, अशिक्षा,किसान,गरीब अऊर बेरोजगार लोग खातिर हमनी के साँझ चिंता अऊर लड़ाई बा. आज देश के पूंजीवाद अऊर सम्प्रदायवाद ना बल्कि लोकसमता एवं समाजवाद के अत्यंत आवश्यकता बा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.