Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

दिल्ली में कोरोना नियम तुड़ला पर बड़ा एक्शन लिहल गइल, लक्ष्मी नगर समेत कईगो मार्केट बंद

कोरोना के केस कम भइला पर लोगों में लापरवाही भी बढे लागल बा। दिल्ली के कुछ बाजार में अइसन ही नजारा देखे के मिलह ता, जहां कोविड नियम के पालन सही तरीके से ना कइल जात रहल ह. जेकरा बाद प्रशासन सख्ती होके ए तरह के बाजार के अगिला कुछ दिन दिन खातिर बंद क देले

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 30 June 2021

कोरोना के केस कम भइला पर  लोगों में लापरवाही भी बढे लागल बा। दिल्ली के कुछ बाजार में अइसन ही नजारा देखे के मिलह ता, जहां कोविड नियम के पालन सही तरीके से ना कइल जात रहल ह. जेकरा  बाद प्रशासन  सख्ती होके ए तरह के बाजार के अगिला  कुछ दिन दिन खातिर बंद क देले बिया..


दिल्लीके मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल अनलॉक के घोषणा करे से पाहिले कहले रहनी की अगर कोरोना के केस बढ़ी या लापरवाही दिखी त देहल गईल छूट वापस ले लीहल जाई. कोरोना नियमन के  लापरवाही के चलते राजधानी दिल्ली के जॉन  बाजारन को बंद कइल गइल बा ओमे लक्ष्मी नगर मार्केट अउर ओकरा आस- पास लागे वाला जइसे मंगल बाजार, विजय चौक, सुभाष चौक, जगत राम पार्क, रविदास नगर पूर्वी दिल्ली के ये सब  बाजार के कुछ दिन खातिर  बंद क दिहल गइल बा. 


ये सब बाजार में आवे वाला भीड़ के ध्यान में रखे खातिर कई जगह पर दिल्ली पुलिस अउर सिविल डिफेंस के अतिरिक्त कईगो टीम कई जगह पर तैनात कइल गइल बा. ई टीम लोग पर नजर रखी अउर उ  लोग जे कोरोना के नियम ना मानी ओकरा खिलाफ कार्रवाई भी करी. कईगो हेल्थ एक्सपर्ट पहिले  ही ये  बात के भांप चुकल बा लो  कि अगर  कोविड गाइडलाइन के लोग भूली त तीसरा लहर जल्दिए आई.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.