Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

PM Kisan Samman Nidhi Scheme: पीएम 9.75 करोड़ लोग के भेज दिहले किसान योजना के नौवां किस्त

ये योजना के अंतर्गत,अभिन तक 1.38 लाख करोड़ रुपया से अधिक के सम्मान राशि किसान परिवार के बैंक खाता में हस्तांतरित कईल जा चूकल बा.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 09 August 2021

PM Kisan Samman Nidhi Scheme: किसान लोग खातिर आज 9 अगस्त, सोमवार का दिन बेहद अहम रहल.  दरअसल, आज ही प्रधानमंत्री किसान सम्मान निधि (पीएम-किसान) योजना के तहत नौवाँ किस्त (PM-Kisan 9th Installment) जारी कईले ह.  प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी (PM Narendra Modi) दूपहर में एगो वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के जरिए करीब 9.75 करोड़ से अधिक लाभार्थी किसान परिवार के 19,509 करोड़ रुपया से अधिक पईसा भेजल गईल. कार्यक्रम के दौरान प्रधानमंत्री किसान लाभार्थी लोग से बातचीत भी कइले ह.


का ह पीएम किसान सम्मान निधि?

प्रधानमंत्री किसान सम्मान निधि(पीएम-किसान) योजना के तहत, पात्र लाभार्थी किसान परिवार के 6000 रूपया के हर साल आर्थिक मदद दिहल जाला. 2000 रुपया के 3 किस्त में प्रत्येक 4 महीना में प्रदान कईल जाला. धनराशि के सीधा लाभार्थी लोग के बैंक खाता में हस्तांतरित कईल जाला. ये योजना के अंतर्गत,अभिन तक 1.38 लाख करोड़ रुपया से अधिक के सम्मान राशि किसान परिवार के बैंक खाता में हस्तांतरित कईल जा चूकल बा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.