Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

पुलवामा मुठभेड़: सुरक्षाबल के मिलल बड़ सफलता, लश्कर-ए-तैयबा कमांडर अबू हुरैरा समेत तीनगो आतंकी ढेर

आतंकवदियन में से एगो लश्कर-ए-तैयबा के पाकिस्तानी कमांडर ऐजाज उर्फ अबू हुरैरा ह.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 14 July 2021

दक्षिण कश्मीर के पुलवामा में आतंकियन अउर सुरक्षा बल के बीच देर रात शुरू भइल मुठभेड़ में अभिन तक तीनगो आतंकवादी लोग के मार गिरावल गइल बा. आईजीपी कश्मीर बतउवन कि मारल गइल.  आतंकवदियन में से एगो लश्कर-ए-तैयबा के पाकिस्तानी कमांडर ऐजाज उर्फ अबू हुरैरा ह. एकरा साथ ही दूगो स्थानीय आतंकवादी के भी मार गिरावल गइल बा. हालांकि सुरक्षाबल लोग के ऑपरेशन अभिन जारी बा.


रेल सेवा शुरू भइला से पूर्व संध्या पर बड़ आतंकी साजिश नाकाम

जम्मू-श्रीनगर हाईवे पर दक्षिणी कश्मीर के कुलगाम जिला के काजीगुंड मीरबाजार इलाका में दमजान रेलवे ट्रैक के पास मंगलवार के शाम आतंकवदियन के ओर से प्लांट आईईडी बरामद कइल गइल. बनिहाल से बारामुला के बीच बुधवार से पूरा तरह रेल सेवा शुरू भइला के पूर्व संध्या पर प्लांट आईईडी के  बरामद भइला से बड़ आतंकी साजिश नाकाम हो गइल बा.

पुलिस बतवले ह कि शाम के रेलवे ट्रैक के पास आईईडी देखल गइल.  एपर तत्काल बम निरोधक दस्ता के बुलावल गइल  या। दस्ता आईईडी के कब्जा में लेके ओकरा के निष्क्रिय कइलस. ये दौरान आस-पास के इलाका में आवागमन रोक दिहल गइल बा. सुरक्षा बल तलाशी अभियान भी चलवलस, लेकिन आतंकियन के कौनो सुराग हाथ ना  लागल. 


Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.