Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

मोदी के कुछ मंत्री लोग इस्तीफा दे देहलस, रमेश पोखरियाल निशंक,संतोष गंगवार समेत कई जाना इस्तीफा दिहले

मानल जा रहल बा कि नयका मंत्रिमंडल में युवा लोग के दबदबा देखे के मिल सकेला. एमे सभ समुदाय के उचित प्रतिनिधित्व भी संभव बा

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 07 July 2021

नरेंद्र मोदी सरकार के दूसरका कार्यकाल को दू साल पूरा होखला के बाद पहिला बार मंत्रिमंडल के विस्तार होखे जा रहल बा. आज शाम के 6 बजे केंद्रीय कैबिनेट के विस्तार होइ. मानल जा रहल बा कि नयका मंत्रिमंडल में युवा लोग के दबदबा देखे के मिल सकेला. एमे सभ समुदाय के उचित प्रतिनिधित्व भी संभव बा, जबकि कुछ अइसन मंत्री लोग के हटा दिहल जाई,जे कौनो खास काम नइखे कइले, काहे की प्रधानमंत्री मोदी कुछ दिन से खुद व्यक्तिगत रूप से वर्तमान मंत्री लोग के प्रदर्शन के समीक्षा करत बाड़े. गठबंधन के सहयोगी लोग के भी फेरबदल में मंत्री पद देहल जाइ तय बा.


केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री डॉक्टर हर्षवर्धन दिहले इस्तीफा

- केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री डॉक्टर हर्षवर्धन इस्तीफा दे दिहले बाड़े. एकरा अलावा प्रताप सारंगी भी इस्तीफा दिहले बाड़े.


संतोष गंगवार अउर रमेश पोखरियाल भी मंत्री पद से इस्तीफा दे दिहलस लो


- केंद्रीय मंत्रिमंडल के विस्तार से पहिले श्रम मंत्री संतोष गंगवार अउर शिक्षा मंत्री डॉ. रमेश पोखरियाल निशंक  मंत्री पद से इस्तीफा दे दिहलस लो. महिला एवं बाल विकास राज्य मंत्री देबश्री चौधरी भी इस्तीफा दे दिहले.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.