Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

ब्रिटिश दूतावास पर तालिबान का कब्‍जा, अफगान नागरिकों से जुड़े दस्तावेज किए गए नष्‍ट

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक ब्रिटिश दूतावास के अंदर हर तरफ कागज बिखरल पड़ल बा.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 27 August 2021

नई दिल्‍ली: अफगानिस्‍तान (Afghanistan) पर तालिबान (Taliban) के कब्‍जा के बाद से उहां के स्थिति काफी बिगड़ गईल बा. सगरी विदेशी दूतावास (Foreign Embassy) पर तालिबानी लड़ाका कब्‍जा क लेले बाड़न सन. अईसन ही कुछ नजारा काबुल (Kabul) में ब्रिटिश दूतावास (British Embassy) के अंदर भी देख़े के मिलल. मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक ब्रिटिश दूतावास के अंदर हर तरफ कागज बिखरल पड़ल बा अउर तालिबानी लड़ाका  दिन रात दूतावास पर गश्‍त कर रहल बाड़े.

द टाइम्स के रिपोर्ट के मुताबिक जब तालिबान लड़ाका दल दूतावास में गश्त करत रहुवन, ओहि समय कुछ पत्रकार ब्रिटिश दूतावास के अंदर आ गउवन. इहां से संवाददाता लोग में से सातगो अफगानिस्‍तनियन के पहचान करे वाला  कागज मिलुवे. रिपोर्ट के मुताबिक ये कागजन में शामिल तीनगो अफगानी कर्मचारी अउर  उनकर परिवार के आठगो सदस्य के जानकारी विदेश कार्यालय के सौंप दिहल गईल बा. विदेश कार्यालय के प्रवक्त रॉयटर्स के बतउवन की, हमनी के पूरा उम्‍मीद बा कि हमनी के तीनों परिवार के सदस्‍य लोग के सुरक्षित अफगानिस्‍तान से निकाले में कामयाब हो जाएम जा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.