Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

पुलवामा में सुरक्षाबल अउर आतंकवदियन के बीच मुठभेड़ में तीनगो आतंकी ढेर आ एगो जवान शहीद

कश्मीर जोन के आईजी विजय कुमार बतउन की पुलवामा के हाजिन राजपोरा इलाका में ई मुठभेड़ भउवे जेमे लश्कर-ए-तैयबा के तीनगो आतंकवदीयन के खात्मा कइल जा चुकल बा

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 02 July 2021

जम्मू-कश्मीर में गुरुवार देर रात से आतंकवदियन अउर  सुरक्षाबल के बीच मुठभेड़ जारी रहल जौना में  सुरक्षाबल तीनगो आतंकियवदियन के मार के गिरा देहुवे लो. ओहिजा , एमे एगो जवान शहीद भी शहीद हो हो गउवे.  दुनू तरफ से गोलीबारी भउवे.  

कश्मीर जोन के आईजी विजय कुमार बतउन की पुलवामा के हाजिन राजपोरा इलाका में ई मुठभेड़ भउवे जेमे लश्कर-ए-तैयबा के तीनगो आतंकवदीयन के खात्मा कइल जा चुकल बा अभी ऑपरेशन जारी रही.

बता दी कि हाजिन राजपोरा इलाका में आतंकवदियन के छिपल रहे के सूचना खुफिया एजेंसी के मिलल रहे  जेकरा  बाद देर रात ही सुरक्षाबल द्वारा ई इलाका के  चारों तरफ से घेर लिहल गइल अउर आतंकवदियन से सरेंडर करे के कहल गइल.

आतंकवदिया सब सरेंडर करे के जगे सुरक्षाबल के ही निशाना बनाके गोलीबारी शुरू क देहुवसन. सुरक्षाबल भी गोलीबारी के  मुंहतोड़ जवाब देहुवे.  गोलीबारी में एगो जवान घायल हो गउवे. ओकरा के अस्पताल ले गइल गउवे, जहँवा जवान दम तोड़ देहुवे.  सुरक्षाबल  तीनगो आतंकवदियन के मार गिरउवे लोग, जेकर अभीन शिनाख्त नइखे भइल.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.