Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

Tokyo Olympics, Boxing: लवलीना बोरगोहेन सेमीफइनल में पहुंच के भारत खातिर दूसरा मेडल पक्का क देले बाड़ी

लवलीना सेमीफाइनल में तुर्की के एना लाइसेंको से भिड़िहन.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 30 July 2021

नई दिल्ली: भारतीय महिला बॉक्सर लवलीना बोरगोहेन (Lovlina Borgohain) टोक्यो ओलंपिक (Tokyo Olympics) में भारत खातिर दूसरका मेडल पक्का कर देले बाड़ी. ऊ वेल्टरवेट कैटेगरी (64-69 किग्रा) के सेमीफाइनल में पहुंच गईल बाड़ी. एकरा साथे उनकरा कम से कम ब्रॉन्ज मेडल पक्का हो गईल बा. ऊ  पहिला बार ओलंपिक में उतरल बाड़ी. क्वार्टर फाइनल के मुकाबला में लवलीना चीन के ताइपे की निएन चिन चेन के 4-1 से हरवले बाड़ी. पहिलका राउंड में उनकरा बाई मिलल रहे, जबकि राउंड-16 के मुकाबला में ऊ जर्मनी के  35 साल के मुक्केबाज नेदिने एपेट्ज के 3-2 से हरवले रहली. एकरा से पहिले महिला वेटलिफ्टर मीराबाई चानू सिल्वर मेडल जीत चूकल बाड़ी.


लवलीना बोरगोहेन विश्व चैंपियनशिप में दूगो अऊर एशियाई चैंपियनशिप में एक बार के कांस्य पदक विजेता रहल बाड़ी. लवलीना से पहिले महिला बॉक्सर एमसी मैरीकॉम 2012 लंदन ओलंपिक में ब्रॉन्ज मेडल जीतल रहली. ओलंपिक के इतिहास में सिर्फ दूगो महिला बॉक्सर ही मेडल जीत सकल बा. उहें पुरुष कैटेगरी में 2008 बीजिंग ओलंपिक में विजेंदर सिंह ब्रॉन्ज मेडल जीतल रहलन. लवलीना सेमीफाइनल में तुर्की के एना लाइसेंको से भिड़िहन. 25 साल वाली लाइसेंको 2019 के वर्ल्ड चैंपियन रहल बाड़ी.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.