Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

अंडरवर्ल्ड डॉन छोटा राजन के तबियत बिगड़ल,दिल्ली एम्स में भर्ती करावल गईल

फिलहाल एकर हालत में सुधार बा.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 29 July 2021

नई दिल्ली: अंडरवर्ल्ड डॉन छोटा राजन (Chhota Rajan) के तिहाड़ जेल (Tihar Jail) से दिल्ली एम्स (Delhi AIIMS) में भर्ती करावल गईल बा. बीतल बुधवार के पेट दर्द के शिकायत के बाद एकरा के अस्‍पताल में भर्ती करावल गईल. बतावल जा रहल बा कि छोटा राजन के तबीयत खराब होखला पर जेल के एगो वार्ड में  एकर इलाज चलत रहल ह लेकिन तबीयत ज्‍यादा बिगड़ला के बाद इनकरा के  दिल्‍ली एम्‍स में भर्ती करावल गईल. एकर जानकारी जेल के अधिकारी लोग कोर्ट के देहले  बा. फिलहाल एकर हालत में सुधार बा. छोटा राजन कुछ दिन पहिले कोरोना से भी संक्रमित भईल रहे.


गौरतलब बा कि राजन 2015 में इंडोनेशिया के बाली से प्रत्यर्पण के बाद आपन गिरफ्तारी के बाद से ही दिल्ली के तिहाड़ जेल में बंद बा. मुंबई में एकरा खिलाफ दर्ज सब मामला सीबीआई के स्थानांतरित कर दिहल गईल बा अऊर एकरा पर मुकदमा चलावे खातिर विशेष अदालत गठित कईल गईल बा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.