Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

Weather Update: बिहार में मानसून पूरा तरह से एक्टिव, 8गो जिला में बारिश आ वज्रपात के लेके अलर्ट

मौसम विभाग के ओर से किशनगंज, अररिया, मधुबनी, कटिहार, सुपौल अऊर पूर्णिया में भारी वर्षा, मेघ गर्जन अऊर आकाशीय बिजली के साथ भारी बारिश के चेतावनी जारी भईल बा.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Latest News - 03 August 2021

पटना: बिहार में एक तरफ जहां गंगा से लेके बागमती, धोबा अऊर अन्य नदी भी उफान पर बाड़ी सन, उहें फेर से 8गो जिला में मध्यम से भारी बारिश के संभावना (Bihar Rain Forecast) जतावल गईल बा. मौसम विभाग पूर्णिया, कटिहार, किशनगंज, मधुबनी, अररिया, सुपौल, मधेपुरा अऊर सहरसा खातिर अलर्ट जारी कईले बा अऊर लोग से बारिश अऊर वज्रपात के लेके सावधानी बरते के अपील कईले बा. दरअसल, मॉनसून के ट्रफ लाइन फिर से बिहार के गया जिले से गुजर रही है जिससे मानसून (Monsoon) पूरी तरह से सक्रिय हो गया है.


पिछला 24 घंटा में कईगो जिला में मध्यम से भारी बारिश रिकॉर्ड कईल गईल बा, जेमें डुमरिया घाट में 80 मिमी, चनपटिया में 60 मिमी, शेखपुरा में 29.5 मिमी, औरंगाबाद में 14 मिमी बारिश रिकॉर्ड कईल गईल बा. बिहार के 6गो  जिला में अगिला 24 घंटा में गरज-तड़क के साथ भारी बारिश के आसार बा . मौसम विभाग के ओर से किशनगंज, अररिया, मधुबनी, कटिहार, सुपौल अऊर पूर्णिया में भारी वर्षा, मेघ गर्जन अऊर आकाशीय बिजली के साथ भारी बारिश के चेतावनी जारी भईल बा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.