Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

पशुपति कुमार पारस के बड़ आरोप- हमार हत्‍या के साजिश रचा रहल बा, पार्लियामेंट स्ट्रीट थाना में FIR दर्ज

पशुपति कुमार पारस की ओर से कहल गईल बा कि उनकरा साथे फोन कर गाली-गलौच कईल जाता.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Lifestyle - 27 August 2021

पटना/दिल्ली: केंद्रीय खाद्य प्रसंस्करण मंत्री पशुपति पारस (Pashupati Kumar Paras) सनसनीखेज आरोप लगावत कहले बाड़े कि उनकरा के जान से मारे के साजिश रचल गईल रहे. पशुपति पारस के निजी सचिव सुबोध कुमार के तरफ से दिल्ली के पार्लियामेंट स्ट्रीट थाना (Parliament Street Police Station Delhi) में शिकायत दर्ज करवाल गईल बा. एमे आरोप लगावल गईल बा कि बिहार में उनकर संसदीय क्षेत्र हाजीपुर में उनकरा के मारे के साजिश रचल गईल रहे. उनकरा के काला झंडा दिखावल गईल रहे अउर स्याही भी फेंकल गईल रहे. आरोप में ई भी कहल गईल बा कि उनकर सुरक्षा के लेके पुलिस प्रशासन ओतना एलर्ट ना रहे, वरना ये तरह के घटना ना होईत.


पशुपति कुमार पारस  की ओर  से कहल गईल बा कि उनकरा साथे फोन कर गाली-गलौच कईल जाता. हमार पार्टी नेता केशव सिंह के गंदा गालियां देहल गईल.  सोशल मीडिया पर भी गंदा गाली अउर अपशब्द के प्रयोग हमरा बारे में कईल गईल बा. पशुपति पारस कहले बाड़े कि हमरा के जान से मारे के धमकी दिहल गईल बा. ये मामला में पार्लियामेंट स्ट्रीट थाने में FIR दर्ज कईल गईल बा. पारस कहले ह कि ये पर केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह (Amit shah) अउर मुख्यमंत्री नीतीश कुमार (CM Nitish Kumar) के हम पत्र लिखके मांग कईले बानी कि ये मामले के जांच होखे.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.