Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

Bihar Flood: पटना में जारी बा बाढ़ के तबाही, जिला प्रशासन एलर्ट मोड पर

बांध के कटाव के रोके खातिर बालू के इंतजाम कईल गईल बा.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Lifestyle - 05 August 2021

पटना: गंगा नदी के बढ़ल जलस्तर अऊर आसपास के बरसाती नदियन में अप्रत्याशित रूप से आईल बारिश के पानी के कारण पटना (Patna Flood) एघरी चारु तरफ से पानी घिर गईल बा. कईगो बरसाती नदियन पर बनल बांध टूट जाए के कारण गांव में बाढ़ आ गईल बा. गंगा के बात कईल जा  पिछला 24 घंटा में गंगा के जलस्तर खतरा के निशान से ऊपर चला गईल ब, जेकरा कारण  पानी गंगा घाट (Ganga Flood) से ऊपर आके पाथवे पर बहे लागल बा. पटना के भद्र घाट अऊर कृष्णा घाट पर गंगा के  पानी ऊपर बनल वो पाथवे पर चढ़ गईल बा जहां रोज लोग टहले खातिर जाला.


अलर्ट पर प्रशासन

गंगा घाट पर बनल पाथ वे पर घुटना भर पानी भर जाए के कारण लोग दहशत में बा. पटना में दीघा घाट से लेके दीदारगंज घाट तक गंगा खतरा के निशान से ऊपर आ गईल बिया. पिछला कुछ दिन से  गंगा के जलस्तर दीघा घाट पर 20 सेंटीमीटर बढ़ल त गांधी घाट पर लगभग 40 सेंटीमीटर तक बढ़ गईल. गंगा के लगातार बढ़त जलस्तर के देखत जिला प्रशासन अलर्ट कईले बिया. पुलिस बल के बांध अऊर सुरक्षा दीवार के  लगातार मॉनिटरिंग करे के निर्देश जारी कईल गईल बा. रात में भी गंगा के जलस्तर पर लगातार निगरानी रखे के बात कहल गईल बा. बांध के कटाव के रोके खातिर बालू के  इंतजाम कईल गईल बा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.