Hindi English
Login
Image
Image

Welcome to Instafeed

Latest News, Updates, and Trending Stories

कोरोना वैक्‍सीन के किल्लत अगस्‍त से होई दूर, रोजाना 80-90 लाख डोज लागे के बा उम्‍मीद

हालांकि स्‍पूतनिक वैक्‍सीन अब भी उपलब्‍ध बा, लेकिन एकर मात्रा कम बा.

Advertisement
Instafeed.org

By Mrigendra | Lifestyle - 13 July 2021

नई दिल्‍ली: देश में 21 जून से बड़ा स्‍तर पर कोरोना वैक्‍सीन (Corona Vaccine) के टीकाकरण के अभियान चल रहल बा. अब तक भारत में लोग के कोरोना वैक्‍सीन (Corona Vaccination) के 38 करोड़ से अधिक डोज दिहल जा चुकल बा लेकिन ये समय वैक्‍सीन के कमी से भी लोग के जूझे  के पड़ रहल बा. एकरा कारण कईगो शहर में टीकाकरण के रफ्तार धीमा हो गइल बा. लेकिन अब मानल जा रहल बा है कि अगस्‍त से देश में टीकाकरण के ई रफ्तार तेज होई. काहे कि  अगिला महीना से भारत में कोवैक्सिन अउर कोविशील्‍ड के अलावा देश में ही बनल स्‍पूतनिक वी, बायोलॉजिकल ई के वैक्‍सीन अउर जाइडस कैडिला के वैक्‍सीन भी उपलब्‍ध होखे के संभावना बा. एकरा से रोजाना लोग के 80 से 90 लाख डोज लगवावल जा सकेला. हालांकि स्‍पूतनिक वैक्‍सीन अब भी उपलब्‍ध बा, लेकिन एकर  मात्रा कम बा.


भारत में वैक्‍सीन के उपलब्‍धता के लेके स्वास्थ्य मंत्रालय के सूत्र लोग जानकारी देहले बा कि जुलाई में देश में वैक्‍सीन के करीब 12 करोड़ डोज उपलब्ध करावल जाई. एकरा में कोविशील्ड अउर कोवैक्सीन शामिल होई. उहें अगस्त अउर  सितंबर से ई दूनू वैक्‍सीन के उत्‍पादन भी बढ़े के पूरा संभवना बा.

Advertisement
Image
Advertisement
Comments

No comments available.